इलाहाबाद म्यूजियम
![]() इलाहाबाद म्यूजियम | |
Established | 1931 |
---|---|
Location | 10 कस्तूरबा गाँधी रोड, इलाहाबाद |
Coordinates | 25°27′18″N 81°50′46″E / 25.4551°N 81.8462°Eनिर्देशांक: 25°27′18″N 81°50′46″E / 25.4551°N 81.8462°E |
Type | नेशनल म्यूजियम |
Website | theallahabadmuseum |
इलाहाबाद म्यूजियम या इलाहाबाद संग्रहालय भारत के एक ठो राष्ट्रीय म्यूजियम बाटे जवन उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद सहर में बा।[1][2] 1931 में स्थापित[3] ई संग्रहालय अपना बिबिध प्रकार के चीज के खातिर जानल जाला आ एकर आर्थिक फंडिंग भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय करे ला।
रखल चीज सभ[संपादन करीं]
प्राचीन लेख जे मथुरा, भूमरा, जमसोत से संबंधित बाड़ें, कौशांबी के टेराकोटा; राजस्थानी मिनियेचर; Nicholas Roerich के पेंटिंग आ बंगाल घराना के कई ठे पेंटिंग, पंडित जवाहरलाल नेहरू के आत्मकथा; कई प्रसिद्द हिंदी लेखक लोग के लिखल चीज, चंद्रशेखर आजाद के .32बोर के कोल्ट पिस्टल आ 'गाँधी स्मृति वाहन' इहाँ रखल कुछ प्रमुख चीज बाटे।
लोकेशन[संपादन करीं]
ई म्यूजियम कस्तूरबा गाँधी रोड पर कंपनी बाग के अंदर मौजूद बाटे। एहीजे चंद्रशेखर आजाद शहीद भइल रहलें।
आम जानकारी[संपादन करीं]
म्यूजियम सोमवार छोड़ के बाक़ी पूरा हप्ता भी खुले ला आ मुफ़्त में गाइड सेवा उपलब्ध बाटे। कुछ शिक्षा, सेमीनार गोष्ठी वगैरह काम खातिर केहू के भी प्रवेश बिना फीस के बा। इहाँ मूरती सभ के डुप्लिकेट रेप्लिका बनावे के काम भी होला आ ई किताब भी छापे ला आ इहाँ एक ठो एसी लाइब्रेरी भी बाटे जहाँ बिद्यार्थी आ रिसर्च स्कालर लोग बइठ के पढ़ सके ला।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ http://www.business-standard.com/article/news-ani/museum-reform-ministry-of-culture-starts-14-point-agenda-115122700440_1.html
- ↑ "Spread awareness on rich cultural heritage: Governor". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 13 मई 2012.
- ↑ "Allahabad Museum to celebrate Foundation Day". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 5 मार्च 2010.