जमुना नदी (हिंदी: यमुना) उत्तरी भारत के एक ठो प्रमुख नदी हवे जे उत्तराखंड राज्य में यमुनोत्री से निकले ले आ प्रयाग में गंगा नदी में मिल जाले। ई उत्तरी भारत के इलाका में, गंगा नदी के सभसे बड़हन सहायिका नदी हवे। उत्तराखंड में मध्य हिमालय के बंदरपुंछ चोटी के पच्छिमी हिस्सा में मौजूद यमुनोत्री ग्लेशियर से करीबन 6,387 मीटर के ऊंचाई पर एह नदी के उदगम होला आ ई नदी कुल 1,376 किलोमीटर (855 मील) के दूरी तय करे ले जबकि एकरे थाला के बिस्तार कुल 366,223 वर्ग किलोमीटर (141,399 वर्ग मील) एरिया में बा जे गंगा नदी के कुल थाला के लगभग 40.2% हिस्सा बाटे। जमुना नदी, इलाहाबाद में गंगा नदी से मिले ले आ एह अस्थान के त्रिवेणी संगम के नाँव से जानल जाला, हिंदू धर्म में पबित्र तीर्थ के रूप में एह जगह के मान्यता हवे आ हर साल इहाँ माघ मेला आ हर बारहवाँ बरिस कुंभ मेला लागे ला।