Jump to content

मथुरा

विकिपीडिया से
मथुरा
Map
Interactive map of मथुरा
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
Population
 (2011)
  Total
454,937

मथुरा (Mathura) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा।मथुरा एगो इतिहासी एवं धार्मिक पर्यटन स्थल की रूप में प्रसिद्ध बा। लंबा समय से मथुरा प्राचीन भारतीय संस्कृति एवं सभ्यता क केंद्र रहल बा। भारतीय धर्म, दर्शन कला एवं साहित्य की निर्माण तथा विकास में मथुरा का महत्वपूर्ण योगदान सदा से रहल बा। आजो महाकवि सूरदास, संगीत क आचार्य स्वामी हरिदास, स्वामी दयानंद क गुरु स्वामी विरजानंद, कवि रसखान आदि महान हस्तीयन से ए नगरी क नाम जुड़ल बा। मथुरा के श्रीकृष्ण जन्म भूमि की नांव से भी जानल जाला।[1]

Gate of Shet Lukhmeechund's Temple, a photo by Eugene Clutterbuck Impey, 1860's.

मथुरा क परिचय

[संपादन करीं]
Sculpture from 1st century CE on display at Mathura museum.

मथुरा, भगवान कृष्ण क जन्मस्थली और भारत क परम प्राचीन तथा जगद्-विख्यात नगरी ह। शूरसेन देश क एइजा राजधानी रहे।[2] पौराणिक साहित्य में मथुरा के अनेक नांव से संबोधित कइल गइल बा जैसे- शूरसेन नगरी, मधुपुरी, मधुनगरी, मधुरा आदि। भारतवर्ष क उ भाग जवन  हिमालय और विंध्याचल की बीच में पड़ेला ओके प्राचीनकाल में आर्यावर्त कहल जाव। एइजा पनपल भारतीय संस्कृति के जवन धारा सींचली स उ गंगा और यमुना क धारा रहली स। ए दुनुं नदी की किनारे भारतीय संस्कृति क कईगो केन्द्र बनन स और विकसित भई न स।

वाराणसी, प्रयाग, कौशाम्बी, हस्तिनापुर,कन्नौज आदि केतना ऐसन स्थान हंव स, परन्तु इ तालिका तबले पूर्ण नाहीं हो सकेले जबले एमें मथुरा क समावेश न कइल जाव। इ आगरा से दिल्ली की ओर और दिल्ली से आगरा की ओर क्रमश: 58 किलोमीटर उत्तर-पश्चिम एवं 145 किलोमीटर दक्षिण-पश्चिम में यमुना की किनारे राष्ट्रीय राजमार्ग 2 पर स्थित बा।

वाल्मीकि रामायण में मथुरा के मधुपुर चाहें मधुदानव क नगर कहल गइल बा तथा एइजा लवणासुर क राजधानी बतावल गइल बा- ए नगरी के ए प्रसंग में मधुदैत्य द्वारा बसावल, बतावल गइल बा। लवणासुर, जेके शत्रुघ्न युद्ध में हरा के मारले रह न उ एही मधुदानव क पुत्र रह न।

जनसांख्यिकी

[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना[3] अनुसार मथुरा के कुल शहरी जनसंख्या 349909 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 454937 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 125वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 881 आ साक्षरता के दर 74.97% बाटे।[3]

  1. Krishna: A Journey through the Lands & Legends of Krishna, by Dev Prasad
  2. "Imperial Gazetteer of India. v. 18". Digital South Asia Library. 1908. pp. 63–74. Archived from the original on 2017-08-26. Retrieved 2017-06-16.
  3. 1 2 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]