लिंगानुपात

विकिपीडिया से
देस अनुसार लिंगानुपात के बिस्व में बितरण देखावत नक्शा[1]
  देस जहाँ औरतन के संख्या आदमिन से ढेर बा।
  देस जहाँ औरत मरद के अनुपात लगभग बराबर बाटे। (तीन अंक ले के अनुपात गणना में, 1.00 पुरुष आ 1.00 औरत)।
  देस जहाँ आदमिन के संख्या औरतन से ढेर बा।
  आँकड़ा नामालूम

मानव बिज्ञानजनसंख्या बिज्ञान, में लिंगानुपात कौनों जगह के जनसंख्या में आदमीऔरत सभ के संख्या के अनुपात होला। अधिकतर जीव सभ नियर मनुष्य में भी ई अनुपात 1:1 के होला। पुरा दुनिया में देखल जाय त 107 लड़िका आ 100 लइकी के अनुपात जनम के समय होला,[2] हालाँकि, ई संख्या बैज्ञानिकलोग के मंडली में बिबाद के बिसय भी बाटे। पुरा दुनिया के कुल आँकड़ा देखल जाय तब 100 औरत पर 101 आदमी के अनुपात पावल जाला,[3] आ लगभग 0.1 % से 1.7 % आबादी बीच के लिंग वाला लोग के बाटे (ई परिभाषा पर निर्भर करे ला)।[4][5]

भारत में लिंगानुपात प्रति 1000 पुरुष पर औरतन के संख्या के रूप में बतावल जाला आ साल 2011 के जनगणना के हिसाब से ई 940 बाटे[6] (मतलब 1000 पुरुष पर 940 औरत) 2021 में यह लिंगानुपात बढ़ाकर 1020 हो गया हैं।

अलग-अलग क्षेत्र में ई आँकड़ा में काफी अंतर भी देखे के मिले ला। चित्र में पुरा दुनिया के नक्शा में एही के देखावल गइल बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. आँकड़ा के स्रोत: सीआइए वर्ल्ड फैक्टबुक [1]. नक्शा के रचना 2006.
  2. "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States. Archived from the original on नवंबर 30, 2013.
  3. "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States.
  4. "How common is intersex? | Intersex Society of North America". Isna.org. Retrieved 2009-08-21.
  5. Fausto-Sterling, Anne (2000). Sexing the Body: Gender Politics and the Construction of Sexuality. New York: Basic Books. ISBN 0-465-07713-7.
  6. http://www.census2011.co.in/sexratio.php

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]