कौशांबी

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
कौशांबी
तांबा के प्राचीन सिक्का
कौशांबी में ढलल सिक्का, 1ली सदी ईसा पूर्व; "कोसाबी" लिखल, ब्रिटिश म्यूजियम से।
कोसांबी
कोसांबी
कोसांबी
कोसांबी
निर्देशांक: 25°20′20″N 81°23′34″E / 25.338984°N 81.392899°E / 25.338984; 81.392899निर्देशांक: 25°20′20″N 81°23′34″E / 25.338984°N 81.392899°E / 25.338984; 81.392899
देस भारत

कौशांबी या कोसांबी एक ठो प्राचीन भारतीय नगर रहल जेकर वर्तमान लोकेशन इलाहाबाद से लगभग 56 किलोमीटर दक्खिन-पच्छिम में जमुना नदी के किनारे मौजूद स्थान कोसम के रूप में पहिचानल जाला। नगर के स्थापना उत्तर-वैदिक काल में कुरु लोग द्वारा कइल गइल आ शुंग बंस के शासनकाल में ई वत्स राज आ बाद में वत्स महाजनपद के राजधानी रहल। गुप्त काल में ई नगर गुप्त साम्राज्य में मिल गइल।

आधुनिक काल में इहाँ खोदाई कइल गइल बा आ ओह जमाना के इतिहासी चीज सभ के खोज कइल गइल बा, इहाँ से पावल गइल तमाम मूर्ती आ अन्य चीज इलाहाबाद म्यूजियम में संरक्षित कइल गइल बा। इलाहाबाद जिला के पच्छिमी हिस्सा के अलग क के एही इतिहासी नगर के नाँव पर कौशांबी जिला नाँव दिहल गइल बा।

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]