Jump to content

मिंटो पार्क

विकिपीडिया से
मदन मोहन मालवीय पार्क
मिंटो पार्क
Typeपब्लिक पार्क
Locationइलाहाबाद
Founderलॉर्ड मिंटो
Open1910
Statusसाल भर खुला

मिंटो पार्क (Minto Park) भा सरकारी नाँव मदन मोहन मालवीय पार्क इलाहाबाद में एक ठो पब्लिक पार्क बाटे।[1] शहर के दक्खिनी हिस्सा में यमुना नदी के किनारे मौजूद ई पार्क अपना इतिहासी महत्व खातिर प्रसिद्द बाटे। 1 नवंबर 1858 के लार्ड कैनिंग अहिजे से रानी विक्टोरिया के मशहूर घोषणापत्र पढले रहलन।[2] एही घोषणापत्र द्वारा आधिकारिक रूप से भारत पर ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कंपनी के शासन के अंत भइल आ भारत ब्रिटिश क्राउन के अधीन भइल। ओह समय इहाँ एक ठो बड़हन मैदान रहल जहाँ एह घोषणा खातिर दरबार लगावल गइल। बाद में इहाँ पार्क बनावे के फैसला भइल आ 1910 में लार्ड मिंटो अहिजा एक ठो चीन्हा के रूप में सफ़ेद संगमरमर के खंभा लगववलें[3] आ पार्क खोल दिहल गइल। बाद में एह ऊपरी हिस्सा के बदल दिहल गइल आ अब एह पर चार शेर के निशान वाला भारत के वर्तमान राजचिह्न बा।[2]

  1. "Minto Park". Uptourism.gov.in. 2015-10-26. Retrieved 2016-07-29.[मुर्दा कड़ी]
  2. 2.0 2.1 Sanjeev Sanyal (15 November 2012). Land of seven rivers: History of India's Geography. Penguin Books Limited. pp. 201–202. ISBN 978-81-8475-671-5.
  3. Himanshu Prabha Ray (7 August 2014). The Return of the Buddha: Ancient Symbols for a New Nation. Routledge. pp. 178–. ISBN 978-1-317-56006-7.