रेडान

विकिपीडिया से
(Radon से अनुप्रेषित)
Radon,  86Rn
आम लच्छन (जनरल प्रापर्टी)
नाँव के उच्चारण/ˈrdɒn/ (RAY-don)
रूपरंगcolorless gas, occasionally glows green or red in discharge tubes
द्रब्यमान नंबर222 (most stable isotope)
पीरियाडिक टेबल में Radon
Hydrogen हीलियम
लिथियम बेरीलियम बोरॉन कार्बन नाइट्रोजन ऑक्सीजन फ्लोरीन नियॉन
सोडियम मैग्नीशियम अल्मुनिया सिलिकॉन फॉस्फोरस गंधक क्लोरीन आर्गन
पोटैशियम कैल्शियम स्कैंडियम टाइटैनियम वैनेडियम क्रोमियम मैंगनीज लोहा कोबाल्ट निकेल ताँमा जस्ता गैलियम जर्मेनियम आर्सेनिक सेलीनियम ब्रोमीन क्रिप्टन
रुबिडियम स्ट्रॉन्सियम यिट्रियम जिरकोनियम नियोबियम मॉलिब्डेनम टेक्नीशियम रुथेनियम रोडियम पैलेडियम चानी कैडमियम इंडियम टीना एंटिमनी टेल्यूरियम आयोडीन जेनॉन
सीजियम बेरियम लैंथेनम सेरियम प्रासियोडाइमियम नियोडाइमियम प्रोमेथियम समेरियम युरोपियम गैडोलिनियम टर्बियम डिस्प्रोसियम होल्मियम अर्बियम थुलियम यिट्टर्बियम लुटेटियम हाफ्नियम टैंटलम टंगस्टन रेनियम ऑस्मियम इरीडियम प्लैटिनम सोना पारा थैलियम सीसा बिस्मथ पोलोनियम एस्टेटीन रेडान
फ्रंशियम रेडियम एक्टिनियम थोरियम प्रोटैक्टिनियम यूरेनियम नेप्चुनियम प्लुटोनियम अमेरिसियम क्युरियम बर्केलियम कैलिफोर्नियम आइंस्टाइनियम फर्मियम मेंडेलेवियम नोबेलियम लॉरेंशियम रदरफोर्डियम डब्नियम सीबोर्गियम बोरियम (तत्व) हस्सियम मेइट्नेरियम डार्मश्टाटियम रंटगेनियम कॉपरनीशियम निहोनियम फ्लेरोवियम मॉस्कोवियम लिवरमोरियम टेनेसीन ओगानेस्सन
Xe

Rn

Uuo
astatineradonfrancium
परमाणु नंबर (Z)86
ग्रुपgroup 18 (noble gases)
पीरियड6
ब्लॉकp
इलेक्ट्रान कन्फिगरेशन[Xe] 4f14 5d10 6s2 6p6
Electrons per shell
2, 8, 18, 32, 18, 8
भौतिक लच्छन
फेज at STPgas
पघिलाव ताप202 K ​(−71 °C, ​−96 °F)
उबाल ताप211.5 K ​(−61.7 °C, ​−79.1 °F)
घनत्व (at STP)9.73 g/L
जब लिक्विड होखे ( उ.ता.)4.4 g/cm3
क्रिटिकल प्वाइंट377 K, 6.28 MPa[1]
फ्यूजन के एन्थाल्पी3.247 kJ/mol
बास्पीकरण के एन्थाल्पी18.10 kJ/mol
मोलर हीट कैपसिटी5R/2 = 20.786 J/(mol·K)
भाप दाब
P (Pa) 1 10 100 1 k 10 k 100 k
at T (K) 110 121 134 152 176 211
परमाणु संबंधी लच्छन
ऑक्सीडेशन स्टेट0, +2, +6
इलेक्ट्रोनिगेटिविटीPauling scale: 2.2
आयनाइजेशन एनर्जी
  • 1st: 1037 kJ/mol
कोवैलेंट रेडियस150 pm
वान डर वाल्स रेडियस220 pm
स्पेक्ट्रल रेंज में रंग के लाइन सभ
स्पेक्ट्रल लाइन
अन्य लच्छन
क्रिस्टल स्ट्रक्चरface-centered cubic (fcc)
Face-centered cubic crystal structure for radon
थर्मल कंडक्टिविटी3.61×10-3  W/(m·K)
चुंबकी क्रमnon-magnetic
सीएएस (CAS) नंबर10043-92-2
इतिहास
खोजFriedrich Ernst Dorn (1898)
पहिला आइसोलेशनWilliam Ramsay and Robert Whytlaw-Gray (1910)
radon के प्रमुख आइसोटोप
Iso­tope Abun­dance Half-life (t1/2) Decay mode Pro­duct
210Rn syn 2.4 h α 6.404 206Po
211Rn syn 14.6 h ε 2.892 211At
α 5.965 207Po
222Rn trace 3.8235 d α 5.590 218Po
224Rn syn 1.8 h β 0.8 224Fr
|

रेडान चाहे रेडॉन (अंग्रेजी: Radon) एगो रासायनिक तत्व हवे जेकर चीन्हा Rn आ परमाणु नंबर 86 होला, ई रेडियोएक्टिव, बेरंग, गंधहीन, बेस्वाद नोबल गैस हवे। ई प्राकृतिक रूप से छोट मात्रा में सामान्य रेडियोधर्मी क्षय श्रृंखला सभ में बिचला स्टेप के रूप में होला जेकरा माध्यम से थोरियमयूरेनियम धीरे-धीरे बिबिध अल्पकालिक रेडियोएक्टिव तत्व आ अंत में सीसा (लेड) में बदल जालें। रेडॉन खुद रेडियम के क्षय के सीधा उत्पाद हवे। एकर सभसे स्थिर आइसोटोप 222Rn के आधा जिनगी (हाफ-लाइफ) महज 3.8 दिन के होला जेवना से ई सभसे दुर्लभ तत्व सभ में से एक बा। चूँकि थोरियम आ यूरेनियम पृथ्वी पर दू गो सभसे आम रेडियोएक्टिव तत्व हवें, जबकि इनहन के तीन गो आइसोटोप भी होलें जिनहन के आधा जीवन कई अरब साल के क्रम में होला, रेडॉन के आधा जीवन छोट होखे के बावजूद भविष्य में लंबा समय ले पृथ्वी पर मौजूद रही। रेडॉन के क्षय से अउरी कई गो अल्पकालिक न्यूक्लाइड पैदा होलें जिनहन के "रेडॉन डाटर्स" के नाँव से जानल जाला आ ई सीसा के स्थिर आइसोटोप सभ पर अंत पावे लें।[2]

ऊपर बतावल गइल क्षय श्रृंखला सभ में मौजूद बाकी सभ बिचला तत्व सभ के बिपरीत, रेडॉन, मानक स्थिति में, गैस के रूप में होला आ आसानी से साँस में लिहल जा सके ला आ एह कारन सेहत खातिर खतरा होला। अक्सर ई कौनों ब्यक्ति के बैकग्राउंड रेडिएशन के खुराक में एकलौता सभसे बड़ योगदान देवे वाला होला, बाकी भूबिज्ञान में लोकल अंतर के कारण,[3] रेडॉन गैस के संपर्क में आवे के स्तर जगह-जगह अलग-अलग होला। एकर एगो आम स्रोत जमीन में यूरेनियम वाला खनिज हवें, आ एही से ई भूमिगत इलाका जइसे कि बेसमेंट में जमा हो जाला। रेडॉन कुछ जमीन भीतरी पानी जइसे कि सोता के पानी आ गरम सोता में भी हो सके ला।[4] जलवायु परिवर्तन के कारण पहिले जमीन के नीचे फंसल रेडॉन परमाफ्रॉस्ट पघिलाव के कारन रिलीज हो सके ला, खासतौर पर आर्कटिक, अलास्का, कनाडा, ग्रीनलैंड आ रूस नियर इलाका सभ में। रेडॉन के परीक्षण आ शमन खातिर सब स्लैब डिप्रेसराइजेशन जइसन तकनीक के इस्तेमाल संभव बा।[5]

महामारी विज्ञान के अध्ययन से रेडॉन के जादा कंसंट्रेशन में साँस लेवे अउरी फेफड़ा के कैंसर के घटना के बीच साफ संबंध देखाई देलस। रेडॉन एगो दूषित पदार्थ ह जवन दुनिया भर में घरभीतरिया हवा के क्वालिटी के प्रभावित करेला। अमेरिका के पर्यावरण संरक्षण एजेंसी (EPA) के अनुसार, रेडॉन फेफड़ा के कैंसर के दुसरा सभसे ढेर कारण बाटे, सिगरेट के धूम्रपान के बाद, अमेरिका में हर साल 21,000 लोग के फेफड़ा के कैंसर से मौत होला। एहमें से करीब 2,900 मौत ओह लोग में होला जे कबो धूम्रपान ना कइले होखे। जबकि रेडॉन फेफड़ा के कैंसर के दुसरा सभसे ढेर कारण हवे, ईपीए के नीति-उन्मुख अनुमान के मोताबिक ई गैर-धूम्रपान करे वाला लोग में नंबर एक के कारण हवे। कम खुराक के संपर्क में आवे के स्वास्थ्य परभाव खातिर महत्वपूर्ण अनिश्चितता मौजूद बा।[6] खुद गैसीय रेडॉन के बिपरीत "रेडॉन के डाटर्स" ठोस होलीं आ सतह सभ से चिपक जालीं, जइसे कि हवा में फइलल धूल के कण, जेकरा के साँस लिहला पर फेफड़ा के कैंसर हो सके ला।[7]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Haynes, William M., ed. (2011). CRC Handbook of Chemistry and Physics (92nd ed.). Boca Raton, FL: CRC Press. p. 4.122. ISBN 1439855110.
  2. Toxicological profile for radon Archived 2016-04-15 at the Wayback Machine, Agency for Toxic Substances and Disease Registry, U.S. Public Health Service, In collaboration with U.S. Environmental Protection Agency, December 1990.
  3. Kusky, Timothy M. (2003). Geological Hazards: A Sourcebook. Greenwood Press. pp. 236–239. ISBN 9781573564694.
  4. "Facts about Radon". Facts about. Archived from the original on 2005-02-22. Retrieved 2008-09-07.
  5. Baraniuk, Chris (11 May 2022). "The race against radon". Knowable Magazine (अंग्रेजी में). Annual Reviews. doi:10.1146/knowable-051122-1 (inactive 31 December 2022). Retrieved 17 May 2022.{{cite journal}}: CS1 maint: DOI inactive as of दिसंबर 2022 (link)
  6. Dobrzynski, Ludwik; Fornalski, Krzysztof W.; Reszczyńska, Joanna (23 November 2017). "Meta-analysis of thirty-two case–control and two ecological radon studies of lung cancer". Journal of Radiation Research. 59 (2): 149–163. doi:10.1093/jrr/rrx061. PMC 5950923. PMID 29186473.
  7. "Public Health Fact Sheet on Radon — Health and Human Services". Mass.Gov. Archived from the original on 2011-11-21. Retrieved 2011-12-04.