टिन (अंग्रेजी: Tin) जेकरा के आम भोजपुरी में टीना भा टीन कहल जाला, एगो रासायनिक तत्व ह। एकर रासायनिक चीन्हा Sn (लैटिन शब्द स्टैनम—stannum से) आ परमाणु संख्या 50 हवे। टीन मेटलिक-धूसर रंग के धातु ह। ई अतना नरम होला कि तनिका जोर लगा के एकरा के आसानी से काटल जा सके ला। टिन के एगो छड़ के हाथ से आसानी से मोड़ल जा सके ला। मोड़े के दौरान एह छड़ से एगो खास किसिम के आवाज निकलेला, जेकरा के अंग्रेजी में टिन क्राई (Tin Cry; मने टीना के चिल्हिकल) कहल जाला। ई आवाज टिन के क्रिस्टल में क्रिस्टल ट्विनिंग के चलते पैदा होला।
तत्वन के पीरियाडिक टेबल में टीन, समूह 14 के एगो पोस्ट-ट्रांजिशन मेटल ह। एकरा के मुख्य रूप से कैसिटेराइट खनिज से हासिल कइल जाला, जवना में स्टैनिक ऑक्साइड (SnO₂) होला। टिन के रासायनिक गुण समूह 14 के एकर दुनो पड़ोसी तत्वन, जर्मेनियम आ लेड (सीसा) से मिलत-जुलत होलें। एकर ऑक्सीकरण अवस्था मुख्य रूप से +2 आ +4 होला। एहमें +4 अवस्था कुछ बेसी स्थिर होला। धरती पर पावल जाए वाला तत्वन में टिन 49वाँ सबसे अधिक प्रचुर तत्व ह। पृथ्वी के सबसे ऊपरी लेयर क्रस्ट में एकर मात्रा लगभग 0.00022 प्रतिशत बा। टिन के 10 गो स्थिर आइसोटोप बाड़ें, जे पीरियाडिक टेबल के कवनो भी तत्व में स्थिर आइसोटोप के सबसे अधिक संख्या ह। एकर कारण टिन में प्रोटॉन के मैजिक नंबर के मौजूदगी होला।