दुसरी बौद्ध संगीति

विकिपीडिया से
(दूसरी बौद्ध संगीति से अनुप्रेषित)

दुसरी बौद्ध संगीति प्राचीन काल में बौद्ध धर्म के लोग के दुसरी सम्मलेन रहे पहिली संगीति के लगभग सौ बरिस बाद भइल।[1] ई संगीति वैशाली (वर्तमान बिहार) में संपन्न भइल।[2]

एह संगीति में विनयपिटकसुत्तपिटक के बिस्तार भइल आ अभिधम्मपिटक के संकलन भइल।[1] एही संगीति में स्थविर लोग आ महासांघिक लोग संघ से दू हिस्सा में अलग हो गइल।[3] इहे आगे चलि के हीनयानमहायान के रूप लिहलस।

दुसरी बौद्ध संगीति में बीछल सात सौ लोग हिस्सा लिहल एही से एकरा के सप्तशातिका भी कहल जाला।[4] दुसरी संगीति के बोलावल जाए के मुख्य कारण संघ के अनुशासन में ढिलाई के उपचार कइल रहे।[5]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]


फुटनोट[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 शर्मा & चन्द्रधर 1998, p. 46.
  2. शास्त्री & के॰ ए॰ नीलकांत 2007, p. 342.
  3. Harvey, Peter (2013). An Introduction to Buddhism: Teachings, History and Practices (2nd ed.). Cambridge, UK: Cambridge University Press. pg. 89-90.
  4. Lāla, An̐gane (2006). उत्तर प्रदेश के बौद्ध केन्द्र. लखनऊ: उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान. Retrieved 13 मई 2016.
  5. सहाय & शिवस्वरूप 2008, p. 269.

संदर्भ[संपादन करीं]