काशी विद्यापीठ
Appearance
महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ | |
---|---|
पुरान नाँव | काशी विद्यापीठ |
मोटो | विद्ययाऽमृतमश्नुते |
Motto in English | "Knowledge imparts immortality." |
स्थापना | 1921 |
प्रकार | सरकारी |
वाइसचांसलर | डॉ. पृथ्वीश नाग |
लोकेशन | बनारस, उत्तर प्रदेश, भारत |
पुकारनाँव | विद्यापीठ |
वेबसाइट | www |
महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ उत्तर प्रदेश के बनारस शहर में एगो सरकारी विश्वविद्यालय बा। ई राज्य विश्वविद्यालय हवे आ एकर स्थापना 1921 में भइल। वर्तमान में एह विश्वविद्यालय से ढेर सारा कालेज संबद्ध बाने आ ई कला, बिज्ञान, लॉ आ कामर्स बिसयन में ग्रेजुएशन, पीजी आ रिसर्च के कोर्स चला रहल बा।
विश्वविद्यालय के स्थापना शिव प्रसाद गुप्त आ भगवान दास के कोसिस के चलते भइल आ महात्मा गाँधी एकर उद्घाटन कइलें। पहिले एकर नांव खाली "काशी विद्यापीठ" रहे, 1995 में एकर नाँव "महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ" कइल गइल।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई लेख कौनों विश्वविद्यालय या शिक्षा संस्थान के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |