Jump to content

संकट मोचन

विकिपीडिया से
संकट मोचन हनुमान मंदिर
संकट मोचन हनुमान मंदिर
संकट मोचन is located in Varanasi district
संकट मोचन
बनारस जिला के नक्शा पर लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशनबनारस
अक्षांस-देशांतरनिर्देशांक: 25°16′56″N 83°00′00″E / 25.2821062°N 82.9999769°E / 25.2821062; 82.9999769
धर्म/मतHinduism
देवताहनुमान
Districtबनारस
राज्यउत्तर प्रदेश
देसभारत
Architectural description
आर्किटेक्चर प्रकारहिंदू मंदिर
पूरा भइल18वीं सदी

संकट मोचन हनुमान मंदिर बनारस में, हनुमान के समर्पित एगो हिंदू मंदिर बा। मानल जाला कि एह अस्थान पे मंदिर के स्थापना गोस्वामी तुलसीदास द्वारा कइल गइल रहे। ई बनारस के सभसे परसिद्ध मंदिर सभ में से एक हवे।

मानल जाला कि एह मंदिर के ठीक ओही जगहा पर बनावल गइल ह, जहँवा तुलसीदास जी के हनुमान जी के दर्शन भइल रहल।[1] संकट मोचन मंदिर के स्थापना तुलसीदास जी कइले रहलें, जे रामचरितमानसहनुमान चलीसा नियर रचना सभ के रचयिता रहलन। परंपरा के मुताबिक अइसन मानल जाला की, जे लोग ए मंदिर में रेगुलर जाला, ओके हनुमान जी के बिसेस कृपा मिलेला।

हर मंगल आ शनीचर के दिन हजारन लोग मंदिर के सामने कतार में लाग के हनुमान जी के दर्शन पूजन करेला। ज्योतिष के मान्यता के अनुसार, हनुमान जी शनिदेव के क्रोध से मनुष्य के बचावेलें। खास क के जे लोगन के कुंडली में शनि ग्रह के स्थिति खराब होखे, ऊ लोग ए मंदिर में ज्योतिषीय उपाय खातिर आवेला। कहल जाला कि ई शनि के शांत करे के सबले प्रभावी तरीका ह।

कुछ ज्योतिषी लोग मानेलन कि हनुमान जी के पूजा कइला से मंगल ग्रह आ ओहू सभे ग्रह के अशुभ प्रभाव कम हो जाला, जे आदमी के जिनगी पर बुरा असर डाल सकेला। ईहो मानल जाला कि तुलसीदास जी रामचरितमानस के अधिकांश दोहा-चौपाई एही मंदिर में बइठ के लिखले रहलें।[2]

  1. Callewaert, Winand M. (2000). Banaras: vision of a living ancient tradition. Hemkunt Press. p. 90. ISBN 81-7010-302-9.
  2. Karkar, S.C. (2009). The Top Ten Temple Towns of India. Kolkota: Mark Age Publication. p. 11. ISBN 978-81-87952-12-1.