सर सुंदरलाल अस्पताल

विकिपीडिया से
सर सुंदरलाल अस्पताल
बनारस हिंदू विश्वविद्यालय
Geography
Locationबनारस, उत्तर प्रदेश, भारत
Organisation
Hospital typeTeaching
Affiliated universityInstitute of Medical Sciences, Banaras Hindu University
Services
Beds927[1]
History
Founded1926

सर सुंदरलाल अस्पताल एगो पढ़ाई वाला अस्पताल बा जे बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंस से जुड़ल बाटे। बिबिध प्रकार के सुबिधा से संपन्न ई अस्पताल पूरबी उत्तर प्रदेश आ पच्छिमी बिहार के ब्यापक इलाका के सेवा देला।

एह अस्पताल के स्थापना 1926 में भइल आ एकर नाँव बीएचयू के पहिला कुलपति सर सुंदरलाल के नाँव पर धराइल। सुरुआत में अहिजा मात्र 96 गो बेड रहे जेकर संख्या साल 2011 ले बढ़ के 927 ले पहुँच गइल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Student Amenities". Banaras Hindu University. Retrieved 2012-06-05.