यूनिवर्सिटी
यूनिवर्सिटी (university उच्चारण: ˌयूनिˈव़सटि, जेकरा भोजपुरी में इन्वर्सिटी चाहे इन्वरसीटी'यो बोलल जाला; हिंदी: विश्वविद्यालय चाहे विद्यापीठ) सभसे ऊँच लेवल के पढ़ाई के संस्थान होला जहाँ ऊँच शिक्षा दिहल जाला आ साथे साथ रिसर्च होखे ला; जेकरा लगे एकेडमिक डिग्री देवे के अधिकार होला।[1][2][3] ऊँच शिक्षा (हायर एजुकेशन) में अंडरग्रेजुएट (यूजी) आ पोस्टग्रेजुएट (पीजी) के पढ़ाई शामिल होला जे एक से बेसी बिसय (डिसिप्लिन) सभ में हो सके ला; आमतौर प बिसय सभ के बिबिधता आ गैर-वोकेशनल[4] कोर्स पढ़ावल यूनिवर्सिटी के खास लच्छन होलें। रिसर्च ज्ञान के बिस्तार करे वाला एक्टिविटी ह। डिग्री देवे के अधिकार (अथॉरिटी) के चलते यूनिवर्सिटी के संघे जुड़ल कॉलेज (महाविद्यालय) शामिल हो सके लें।
यूनिवर्सिटी शब्द लैटिन वाक्यांश "यूनिवर्सिटास मैजिस्ट्रोरम एट स्कोलारियम" से बनल बा, जवन के मोटामोटी मतलब बा "गुरु आउर विद्वानन के समुदाय"।[5] यूनिवर्सिटी आमतौर पर अंडरग्रेजुएट आउर पोस्टग्रेजुएट प्रोग्राम देला।
यूरोप में पहिलका यूनिवर्सिटी, आधुनिक अरथ में, कैथोलिक साधु-संत लोग के द्वारा स्थापित भइल।[6][7][8][9][10] इटली के बोलोग्ना यूनिवर्सिटी (Università di Bologna), जवन 1088 में स्थापित भइल, ई पहिल यूनिवर्सिटी बा जेकरा के ई खास अर्थ में मानल जाला:
- एगो उच्च डिग्री प्रदान करे वाला संस्थान रहे।
- "यूनिवर्सिटास" शब्द के इस्तेमाल कइल, जे ओकर स्थापना के समय गढ़ल गइल।
- धर्मशिक्षा केंद्रन से आजाद रहे आउर धर्मिक आउर गैर-धर्मिक (सेकुलर) दुनों प्रकार के डिग्री देवे (शिक्षा धर्मगुरु आउर गैर-धर्मगुरु दुनों के द्वारा होखे): व्याकरण, अलंकार, (रिटोरिक) तर्कशास्त्र, धर्मशास्त्र, कैनन कानून, आउर नोटरी कानून नियर बिसय पढ़ावल जाँय।[11][12][13][14][15]
कुछ बिद्वान लोग प्राचीन तक्षशिला विश्वविद्यालय के दुनिया के पहिला यूनिवर्सिटी[16][17] माने ला जबकि कुछ लोग एकरा के 'आधुनिक संस्था' (जइसन की आज्काल्ह के यूनिवर्सिटी के रूप बा) के नियर न मान के खाली शिक्षा के केंद्र मान के ब्याख्या करे ला।[18] एही तरीका से कुछ लोग नालंदा विश्वविद्यालय के भारत क पहिला यूनिवर्सिटी माने ला।[19]
इतिहास
[संपादन करीं]
एकेडमिक आजादी
[संपादन करीं]यूनिवर्सिटी के परिभाषा में एगो महत्त्वपूर्ण विचार बा "शैक्षणिक स्वतंत्रता" के कांसेप्ट। ई के पहिला लिखित प्रमाण बोलोग्ना यूनिवर्सिटी के शुरुआती दौर से मिलेला, जहाँ 1155 या 1158 में एगो शैक्षणिक चार्टर, "कॉन्स्टिट्युटियो हैबिटा" अपनावल गइल। एह चार्टर में यात्रा करे वाला विद्वान के शिक्षा के हित में बिना बाधा के आवागमन के अधिकार दिहल गइल। आज एकरा के "शैक्षणिक स्वतंत्रता" के मूल मानल जाला।
एह अवधारणा के अंतर्राष्ट्रीय शोध में व्यापक रूप से स्वीकार कइल जाला। 18 सितंबर 1988 के, बोलोग्ना के स्थापना के 900वां सालगिरह के अवसर पर, 430 यूनिवर्सिटी के कुलपति लोग "मैग्ना चार्टा यूनिवर्सिटेटम" पर हस्ताक्षर कइल। एह दस्तावेज पर हस्ताक्षर करे वाला यूनिवर्सिटी के संख्या आजो दुनिया के अलग-अलग हिस्सा से बढ़ रहल बा।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Definition, Origin, History, & Facts". Encyclopedia Britannica. 20 Dec 2024. Retrieved 31 Dec 2024.
- ↑ "Definition of UNIVERSITY". Merriam-Webster. 5 Aug 2024. Retrieved 31 Dec 2024.
- ↑ "3.1". WordNet Search. Retrieved 2023-08-30.
- ↑ "university - ऑक्सफ़ोर्ड इंग्लिश डिक्शनरी". oed.com. Oxford University Press. Retrieved 31 दिसंबर 2024.
- ↑ एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में) (11वाँ ed.). 1911. .
- ↑ Den Heijer, Alexandra (2011). Managing the University Campus: Information to Support Real Estate Decisions. Academische Uitgeverij Eburon. ISBN 9789059724877.
Many of the medieval universities in Western Europe were born under the aegis of the Catholic Church, usually as cathedral schools or by papal bull as Studia Generali.
- ↑ A. Lamport, Mark (2015). Encyclopedia of Christian Education. Rowman & Littlefield. p. 484. ISBN 9780810884939.
All the great European universities-Oxford, to Paris, to Cologne, to Prague, to Bologna—were established with close ties to the Church.
- ↑ B M. Leonard, Thomas (2013). Encyclopedia of the Developing World. Routledge. p. 1369. ISBN 9781135205157.
Europe established schools in association with their cathedrals to educate priests, and from these emerged eventually the first universities of Europe, which began forming in the eleventh and twelfth centuries.
- ↑ Gavroglu, Kostas (2015). Sciences in the Universities of Europe, Nineteenth and Twentieth Centuries: Academic Landscapes. Springer. p. 302. ISBN 9789401796361.
- ↑ GA. Dawson, Patricia (2015). First Peoples of the Americas and the European Age of Exploration. Cavendish Square Publishing. p. 103. ISBN 9781502606853.
- ↑ "The University from the 12th to the 20th century - University of Bologna". www.unibo.it. Archived from the original on 5 April 2021. Retrieved 23 March 2021.
- ↑ Top Universities Archived 17 जनवरी 2009 at the Wayback Machine World University Rankings Retrieved 6 January 2010
- ↑ Paul L. Gaston (2010). The Challenge of Bologna. Stylus. p. 18. ISBN 978-1-57922-366-3. Archived from the original on 10 March 2021. Retrieved 7 July 2016.
- ↑ Hunt Janin: "The university in medieval life, 1179–1499", McFarland, 2008, ISBN 0-7864-3462-7, p. 55f.
- ↑ de Ridder-Symoens, Hilde: A History of the University in Europe: Volume 1, Universities in the Middle Ages Archived 13 दिसंबर 2021 at the Wayback Machine, Cambridge University Press, 1992, ISBN 0-521-36105-2, pp. 47–55
- ↑ Kamalapur, Gopalakrishna Dhruvaraja (1 Jun 2022). "First University of World–Takshashila". OmniScience: A Multi-disciplinary Journal. 12 (1): 17–21. Retrieved 31 Dec 2024.
- ↑ Gohar, Habib (31 Dec 2023). "Ancient Taxila University: Dispelling Myths and Misconceptions". MAIRAJ. 2 (2): 65–74. doi:10.58760/mairaj.v2i2.29. ISSN 2959-2089. Archived from the original on 7 October 2024. Retrieved 31 Dec 2024.
- ↑ Siddiqui, Kiran Shahid. "View of UNIVERSITY OF TAKSHASHILA: AN ANCIENT SEAT OF LEARNING". Journal of Social Sciences and Humanities. Retrieved 31 Dec 2024.
- ↑ Kamalapur, Gopalakrishna Dhruvaraja (15 Feb 2022). "Nalanda – The First University of India". OmniScience: A Multi-disciplinary Journal. 11 (3): 33–37. doi:10.37591/omniscience.v11i3.3281. Retrieved 31 Dec 2024.
![]() | ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |