झंझावात

विकिपीडिया से
Thunderstorm
A typical thunderstorm over a field.
घटना के इलाकाPrimarily tropical and also temperate regions.
सीजनMost common in spring and summer. (in temperate regions)
Common in wet season. (in tropical regions)
परभावDepends on the storm, may involve rain, hail, and/or high winds. May cause flooding or fires.

झंझावात[1] चाहे तड़ितझंझा[2] (अंग्रेजी: thunderstorm; थंडरस्टॉर्म) वायुमंडल में मौसमी डिस्टर्बेंस सभ के प्रचंड रूप होखे लें जिनहन में तूफान के साथे-साथ आकासी बिजली, बादर के गरज, भारी बरखा भा पाथर पड़े (ओला गिरे) आ झकझोरे वाली तेज हवा के घटना सामिल होखे लीं।[3] झंझावात साधारण तौर पर कपासी बरखा बादर सभ के साथे जुड़ल घटना होखे लीं। इनहन के उत्पत्ती गरम हवा के अचानक तेजी से ऊपर उठे के कारण होला, ऊपरी वायुमंडल में जाके की तेजी से ठंढा हो के कपासीबरखाबादर के कॉलम (खम्हा नियर) बना लेलिन; एह प्रक्रिया में पानी के बुन्नी आ बर्फ के कण चार्ज हो जालें आ ऊपर के ठंढा हवा तेजी से जमीन के ओर झपट के नीचे धँसे ले जेकरा के डाउनड्रिफ्ट कहल जाला आ एकरा चलते जमीन पर तेज झाकोरेदार हवा बहे ले।[3] एकरा साथे-साथ बादर में एकट्ठा भइल बिजली के चार्ज रिलीज होला आ आकासी बिजली के घटना पैदा होखे ले जेकरा चलते तेज आवाज चाहे बादर के गरज (thunder) पैदा होखे ला।[3]

आमतौर पर ई मौसमी घटना कुछ समय खातिर घटित होखे ले, मने कि अल्प-कालिक (शॉर्ट-लिव्ड) होखे ले।[3] कभी-कभार अइसनो होला कि कम मजबूत झंझावात से बरखा होखबे न करे, जबकि कुछ कमजोर झंझावत सभ से मामूली बरखा होला जिनहन के अंग्रेजी में थंडरशावर (thundershower; गरज के साथ बौछार) कहल जाला। कभी-कभार ई बहुत मजबूत हो जाए पर आ इनहन के केंद्र में तेज घुमरीदार हवा के सिस्टम डेवलप हो जाए पर ई टॉरनैडो के रूप भी ले सके लें।[4]

भारत में, खासतौर से गंगा के मैदान में, मानसून के पहिले के बरखा (प्री-मानसून) एही किसिम के तड़ितझंझावात सभ से होखे ले।[5] इनहन के ओडिशा, बंगाल आ बिहार में "नोर्वेस्टर" (Nor'westers) के नाँव से जानल जाला; बंगाल में "काल बैसाखी" के नाँव से।[6][7]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "झंझावात-क्या है इसके पीछे का विज्ञान? – Geography and You". geographyandyou.com (हिंदी में). 2 अगस्त 2019. Retrieved 27 मार्च 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  2. Mamoria, Dr Chaturbhuj; Garg, Dr H. S. (28 दिसंबर 2016). Geography: E-Book (हिंदी में). SBPD Publications. ISBN 978-93-81865-21-7. Retrieved 27 मार्च 2022.
  3. 3.0 3.1 3.2 3.3 "Thunderstorm | Definition, Types, Structure, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया. मरियम-वेबस्टर. Retrieved 27 मार्च 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  4. "Tornadoes: Spinning Thunderstorms". amnh.org (अंग्रेजी में). American Museum of Natural History. Retrieved 27 मार्च 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  5. Manohar, G. K.; Kandalgao, S. S.; Tinmaker, Iqbal R. (1 फरवरी 1999). "Thunderstorm activity over India and Indian southwest monsoon". Journal of Geophysical Research (104). doi:10.1029/98JD02592.
  6. "Are you petrified by the term Kal Baisakhi?". www.skymetweather.com (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2015-03-21. Retrieved 2021-05-12.
  7. Roy, S. C.; Chatterji, G. (September 1929). "Origin of Nor'westers". Nature (अंग्रेजी में). 124 (3126): 481. Bibcode:1929Natur.124..481R. doi:10.1038/124481a0. ISSN 1476-4687.