रुबिडियम (अंग्रेजी: Rubidium) एक ठो रासायनिक तत्व बाटे जवना के चीन्हा Rb बा आ परमाणु संख्या 37 बाटे। ई चानी के रंग के चमकीला सफ़ेद आ नरम धातु बाटे जवन एल्कलाई धातु के समूह में आवेला। ई बहुत क्रियाशील तत्व हवे। प्रकृति में ई दू गो आइसोटोप के एक साथ एकट्ठा रूप में पावल जाला जेवना में 72% हिस्सा 85Rb के होला जेवन स्थाई होला आ बाकी हिस्सा 87Rb के होला जवन बहुत रेडियोएक्टिव होला आ एकर हाफ लाइफ 49 बिलियन बरिस बा जवन ब्रहमांड के अनुमानित आयु के तीन गुना बाटे।