मध्यमांचल विकास क्षेत्र, नेपाल

विकिपीडिया से

मध्यमांचल विकास क्षेत्र नेपाल के पाँच विकास क्षेत्रन में से एगो विकास क्षेत्र ह। इ नेपाल के मध्य में स्थित बा। एकर पूर्व में पूर्वांचल विकास क्षेत्र, पश्चिम में पश्चिमांचल विकास क्षेत्र तथा उत्तर में चीन के तिब्बत तथा दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा। मध्यमाञ्चल के मुख्यालय काठमांडु में स्थित बा। मध्यमाञ्चल में 3 गो अंचल तथा 19 गो जिला कुल बाड़ें।

मध्यमांचल विकास क्षेत्र (मध्यमाञ्चल)
क्षेत्र
Bagmati River, Pashupatinath, Nepal
पशुपतिनाथ में बागमती नदी, नेपाल
देस  नेपाल
अंचल कुल जनकपुर, बागमति, नारायणी
मुख्यालय काठमांडु
रकबा 27,410 किमी2 (10,583 वर्ग मील)
जनसंख्या 9,656,985 (2011) [1]
जनघनत्व 352/किमी2 (912/वर्ग मील)
टाइमजोन नेमास (UTC+5:45)
ISO 3166-2 NP-1
मध्यमांचल विकास क्षेत्र के अवस्थिती

भूगोल[संपादन करीं]

मध्यमांचल विकास क्षेत्र नेपाल के चौथा सबसे बड़हन विकास क्षेत्र ह जेकर क्षेत्रफल बा 27,410 किमी2 (10,580 वर्ग मील) लेकिन जनसंख्या के हिसाब से इ विकास क्षेत्र सबसे बड़ ह। अहिजा के जनसंख्या बा 9,656,985 ब्यक्ति;[1] एकर जनसंख्या घनत्व दूसर क्षेत्रन से उच्च बा 352.3 ब्यक्ति/किमी2 बा।

काठमांडु घाटी एहि विकास क्षेत्र में पड़ेला जेकर क्षेत्रफल बा 950 किमी2 (370 वर्ग मील); एकर लंबाई पुरब से पश्चिम कि ओर 35 किमी (22 मील) बा आ चौड़ाई उत्तर से दक्खिन ओर 30 किमी (19 मील) बाटे।

मध्यांचल विकास क्षेत्र के महत्वपूर्ण नदियन में बाड़ी बागमती, जवन कोशी के सहायक नदी हई। इ काठमान्डु से होते हुए बहेली आ गंगा नदी में जा के मिल जायेली। हिन्दू अउर बुद्ध धर्म के लोगन द्वारा बागमती नदी के पवित्र नदी मानल जाला।

इ क्षेत्र के दूसर कुल नदी बाड़ी जा कमला, लखनदेई अउर विष्णुमती; इ तीन छोट नदी बागमती के सहायक नदी हई जा।

शहर कुल[संपादन करीं]

इ क्षेत्र के महत्वपूर्ण शहर कुल बाड़े जा काठमांडु, पाटन, भरतपुर, भक्तपुर, भैरहवा, ललितपुर, नगरकोटजनकपुर। अन्य उल्लेखनीय जगह कुल बाटे खोकना, हेटौडा, हरिसिद्धी, गोदावरी, इत्यादी।

प्रशासनिक विभाजन[संपादन करीं]

इ क्षेत्र में 3 गो अंचल आ 19 गो जिला कुल बाटे:

अंचल जनसंख्या[2]
(2011)
क्षेत्रफल[3] 
(किमी²)
जनसंख्या घनत्व
(inh/km²)
जिला कुल
संख्या नाम
जनकपुर 2,837,481 9,669 293.5 6 धनुषा, दोलखा, महोत्तरी, रामेछाप, सर्लाही जिला, सिन्धुली
बागमति 3,843,596 9,428 407.7 8 भक्तपुर, धादिंग, काठमांडु, काभ्रेपालचोक, ललितपुर, नुवाकोट, रसुआ, सिन्धुपालचोक
नारायणी 2,975,908 8,313 358.0 5 बारा,चितवन, मकवानपुर, पर्सा, रौतहट
कुल 9,656,985 27,410 352.3 19
  1. 1.0 1.1 "National Population and Housing Census 2011" (PDF). Central Bureau of Statistics. Kathmandu, Nepal. नवंबर 2012. Archived from the original (pdf) on 2019-01-07. Retrieved 12 अक्टूबर 2013.
  2. "Nepal: Administrative Division". City Population. Retrieved 12 अक्टूबर 2013.
  3. "Regions of Nepal". Statoids. 2012-12-07. Retrieved 12 अक्टूबर 2013.