लीची
लीची | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण ![]() | |
किंगडम: | प्लेंटाई (Plantae) |
क्लैड (Clade): | एंजियोस्पर्म (Angiosperms) |
क्लैड (Clade): | यूडिकॉट्स (Eudicots) |
क्लैड (Clade): | रोसाइड (Rosids) |
ऑर्डर (Order): | Sapindales |
परिवार: | Sapindaceae |
उपपरिवार: | Sapindoideae |
जाति (Genus): | Litchi Sonn. |
प्रजाति: | L. chinensis |
दूपद नाँव | |
Litchi chinensis Sonn.[1] |
लीची एगो फल हवे जे बैज्ञानिक बर्गीकरण में सैपिंडासियाई (Sapindaceae) परिवार के लीची जाति के एकलौता प्रजाति हवे। एकर मूल अस्थान चीन के गुआंगडांग आ फुजान वाला इलाका बतावल जाला जहाँ एकरे खेती के परमान 1059 AD से मिले ला। ई उष्णकटिबंधी पौधा होला जेकर खेती चीन, भारत आ कुछ अउरी दक्खिन एशियाई देस सभ में प्रमुख रूप से कइल जाला।
लीची के फेड़ माझिल आकार के होला आ एह पर गोल-गोल फर लागे ला। पाक जाए पर सफेद रंग के रसदार गुद्दा आ कोइली होले। छिलका पर कुछ काँट नियर बुझाए वाला दानेदार उभार होखे लें। पाकल लीची के छिलका उतार के एकर सफेदका गुद्दा खाइल जाला।
कुछ समय पहिले लीची में कुछ अइसन तत्व होखे के खबर आइल रहल जेकरा से हाइपोग्लोसेमिया (ग्लूकोज के कमी) होखे आ बच्चा सभ के मौत होखे के दावा कइल गइल[2][3] हालाँकि के बाद के कुछ रिचर्स संस्थान, जइसे कि राष्ट्रीय लीची अनुसंधान केंद्र यानी कि एनआरसीएल, एह दावा के खारिज क दिहलें।[4]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Litchi+chinensis". Germplasm Resources Information Network (GRIN). पहुँचतिथी 2010-01-19.
- ↑ "खाली पेट लीची जानलेवा हो सकती है". bbc.com (Hindi में). 1 फरवरी 2017. पहुँचतिथी 13 अप्रैल 2019.
- ↑ ओंकार सिंह, जनौटी (2 फरवरी 2017). "खाली पेट लीची खाने से मारे गए बच्चे | DW | 02.02.2017". DW.COM (Hindi में). पहुँचतिथी 13 अप्रैल 2019.
- ↑ शांडिल्य, मनीष (3 फरवरी 2017). "'लीची खाने से नहीं हो रही हैं मौते'" (Hindi में). पहुँचतिथी 13 अप्रैल 2019.
![]() | ई फेड़-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई फल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |