खरबुज्जा

विकिपीडिया से
Cantaloupes
खरबुज्जा के फल

खरबुज्जा भा खरबूजा काँकर-खरबूजा जाति के एगो पौधा हवे जेह में गोल-गोल फर होला आ एही खाती एकर खेती कइल जाला। ई गरमी के सीजन के फल हवे आ उत्तरी गोलार्ध में मार्च से जून के बीच एकर फसल होले; सीजन के भारत में जायद के खेती भी कहल जाला। खरबुज्जा के फल आमतौर पर 0.5 किग्रा से ले के 5 किग्रा तक के हो सके ला। अंग्रेजी में एकरा के कैंटालोप कहल जाला आ वर्तमान में (2016 के आँकड़ा अनुसार) चीन एह फल के सभसे बड़ उत्पादक देस बाटे जे पूरा दुनिया के होखे वाला उत्पादन के लगभग आधा हिस्सा पैदा करे ला।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Production of melons, including cantaloupes for 2016 (Crops/world regions/production quantity from pick lists)". Food and Agriculture Organization of the United Nations, Statistics Division (FAOSTAT). 2017. Retrieved 12 अप्रैल 2018.