Jump to content

खरबुज्जा, प्रजाति

विकिपीडिया से

खरबूजा
Muskmelon
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम:प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade):एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade):यूडिकॉट्स
(Eudicots)
क्लैड (Clade):रोसाइड
(Rosids)
ऑर्डर (Order):Cucurbitales
परिवार:Cucurbitaceae
जाति (Genus):Cucumis
प्रजाति: C. melo
दूपद नाँव
Cucumis melo
L.
खरबुज्जा बीज

खरबुज्जा (अंग्रेजी: muskmelons; मस्कमेलन; बैज्ञा. नाँव: Cucumis melo) तरबूजा-खरबूजा ग्रुप के एगो फल वाली प्रजाति हवे जेकर कई गो वेरायटी भा किसिम अलग-अलग इलाका भा पसंद आ सुबिधा अनुसार उपजावल जालीं। एकर सभे से प्रमुख किसिम आम आम खरबुज्जा (कैंटालोप) बाटे, हालाँकि अउरी कई गो किसिम के उत्पादन काफी मात्रा में होला। काँकरि (ककड़ी, जेकरा अंग्रेजी में आर्मेनियन कुकुंबर कहल जाला) एही प्रजाति के दूसर सभसे प्रमुख किसिम (वेरायटी) हवे जे भारतीय उपमहादीप में गर्मी में बहुतायत से खाइल जाला।

कई किसिम के खरबुज्जा सभ बैज्ञानिक रूप से एह कुकुमिस मेलो प्रजाति के होखे के बावजूद खीरा से अतना समानता वाला होखे लें कि उनहन के आम नाँव में खीरे आ ककड़ी इस्तेमाल होला। उत्तर प्रदेश के मऊ जिला आ आसपास के इलाका में एकरा के नाशपाती भी कहल जाला,[1] जबकि नाशपाती (पियर) एगो एकदम्मे अलग प्रजाति के फल हवे।

उत्तर भारत में खरबुज्जा, काँकर (ककड़ी), खीरा, तरबुज्जा (तरबूज) इत्यादि सभ जायद के फसल हवें जे गर्मी के सीजन में, रबी के फसल के बाद आ मानसून के खरीफ के फसल से पहिले, मार्च से जून के बीचा में उपराजल जालें।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Mau News: सरयू के किनारे तरबूज, नाशपाती की कर रहे खेती". अमर उजाला (Hindi में). 15 मई 2025. Retrieved 5 मई 2026.