Jump to content

दूपद नाँव

विकिपीडिया से

दूपद नाँव (Binomial nomenclature) जीव बिज्ञान में प्रजाति सभ के नाँव रखे के सिस्टम हवे जवना में कौनों भी प्रजाति के दू गो शब्द से मिल के बनल नाँव रखल जाला। ई दुनों शब्द लातीनी भाषा के ब्याकरन के हिसाब से होला भले उनहन के उत्पत्ति लातीनी भाषा के न होखे। आम तौर पर एह नाँव के बैज्ञानिक नाँव भी कहल जाला।

दू शब्दवन में पहिला शब्द जाति (genus) के बतावेला आ दुसरका प्रजाति (species) के पहिचान करावे ला।