खीरा

खीरा (अंग्रेजी: Cucumber; Cucumis sativus, कुकुमिस सैटिवस) एगो बहुत ब्यापक रूप से उगावल जाए वाला लतरदार (नार-पात वाली, पसरे वाली लता) पौधा हवे, जवन कुकुर्बिटेसी परिवार से संबंध रखेला। एहमें बेलनाकार से गोल आकार के फल लागेला, जवन सब्जी आ सलाद के रूप में खाइल जाला।
खीरा के एगो वार्षिक पौधा (annual plant) मानल जाला, आ एकर तीन मुख्य प्रकार होखेला— स्लाइसिंग (काटे वाला), पिकलिंग (अचार खातिर), आ बीजरहित (सीडलेस)। भारत में ई जायद के फसल मानल हवे जे अप्रैल से जून ले खेती कइल जाला। हालाँकि, अब एकर अइसन किसिम बिकसित भ गइल बाड़ी की बजार में सालों भर बिका रहल बाटे।
खीरा के उत्पत्ति एशिये में भइल मानल जाला—खासकर भारत, नेपाल, बांग्लादेश, चीन (युन्नान, गुइझोउ, ग्वांग्शी) आ उत्तरी थाईलैंड के क्षेत्र में। हालाँकि, आज के समय में ई लगभग हर महाद्वीप पर उगावल जाला, आ कई तरह के खीरा व्यावसायिक रूप से उत्पादन आ वैश्विक बाजार में व्यापार कइल जाला। उत्तर अमेरिका में “वाइल्ड ककुंबर” नाम से कुछ पौधा इकिनोसिस्टिस आ माराह जाति में मिलेला, लेकिन ई असली खीरा से बहुत नजदीकी संबंध ना रखेला।
गैलरी
[संपादन करीं]- भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे पकाव्ल तरकारी, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
- भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे बनावल अचार, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
- टुकड़ा में स्लाइस कइल स्कैंडिनेवियाई खीरा
- भारतीय पीयर खीरा
- लेमन कुकुंबर
- भारत के गुंटूर में बजार में बिकात गोल पीयर खीर जेकरा के 'दोसाकाई' (Dosakai) के नाँव से जानल जाला
- कद्दूकस (ग्रेटिंग) कइल खीरा
- खीर के टुकड़ा वाली डिश
- खीरा के नार पर फुलाइल फूल
- गेल ट्रोस 'Gele Tros' किसिम के खीरा, खेत में
- खाना के सजावट (गार्निश) में इस्तेमाल करे खातिर काटल खीरा
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई सब्जी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
