भोजपुरी सिनेमा
भोजपुरी सिनेमा | |
---|---|
![]() |
भोजपुरी सिनेमा में, भारत के पूरबी उत्तर प्रदेश आ पच्छिमी बिहार के भाषा भोजपुरी में बने वाली फिलिम सभ के गिनल जाला। पहिली भोजपुरी फिलिम विश्वनाथ शाहाबादी के गंगा मइया तोहें पियरी चढ़इबों रहे जेवन 1963 में रिलीज भइल रहे।[1] अस्सी के दशक में कई ठे उल्लेख जोग भोजपुरी फिलिम रिलीज भइली जिनहन में बिटिया भइल सयान, चंदवा के ताके चकोर, हमार भौजी, गंगा किनारे मोरा गाँव, आ सम्पूर्ण तीर्थ यात्रा के नाँव प्रमुख रूप से गिनावल जाला।
पुराना समय में भोजपुरी में फिलिम बनावे के काम भी बंबई में होखे आ ई हिंदी सिनेमा के एक ठो हिस्सा के रूप में बनावल जायँ। अब एह फिलिम सभ के निर्माण भोजपुरी इलाका में भी हो रहल बा आ गोरखपुर, बनारस आ पटना नियर छोट शहर भी एह इंडस्ट्री के हिस्सा बन चुकल बाने।
भोजपुरी फिलिम के मुख्य दर्शक लोग पूरबी उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड आ नेपाल के मधेस इलाका में बा लो जहाँ के ई भाषा हवे। एकरे अलावा अन्य शहर सभ में रहे वाला भोजपुरी भाषी लोग बा। एही कारन भोजपुरी सिनेमा के दर्शक यूरोप आ अमेरिकी देस सभ में भी बा आ सूरीनाम नियर देस सभ में भी जहाँ भोजपुरी बोलल जाले।[1]
इतिहास[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ 1.0 1.1 खांडेकर, विनीता कोहली (24 जून 2010). "Regional pride". बिजनेस स्टैंडर्ड. पहुँचतिथी 15 फरवरी 2017. Unknown parameter
|trans_title=
ignored (मदद)
![]() | ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |