भारतीय रुपिया

विकिपीडिया से
भारतीय रुपिया
ISO 4217
कोडINR
नंबर356
घातांक2
डिनॉमिनेशन
छोट इकाई
 1/100पइसा
चीन्हा
पइसाp
बैंकनोट
 ढेर चलन में10, 20, 50, 100, 500, 2000
 कम चलन में1, 2, 5
सिक्का
 ढेर चलन में1, 2, 5, 10
 कम चलन में50प
जनसंख्या आँकड़ा
ऑफिशियल इस्तेमाल भारत
गैर-ऑफिशियल भूटान[टीप 1]
 नेपाल[टीप 2]
 जिम्बाब्वे[टीप 3][1]
ढलाई/छपाई
सेंट्रल बैंकभारतीय रिजर्व बैंक
छापे वालाभारतीय रिजर्व बैंक
 वेबसाइटwww.rbi.org.in
टकसालभारत सरकार टकसाल
 वेबसाइटwww.spmcil.com
कीमत
इनफ्लेशन4.9%, 2015-16
 स्रोतRBI - Annual Inflation Report
 तरीकाCPI[2]
समकक्षभूटानी न्गुल्त्रम (बरोबर)
नेपाली रुपिया (1 INR = 1.6 NPR)

भारतीय रुपिया (चीन्हा: ; कोड: INR), भारत गणतंत्र के ऑफिशियल करेंसी हवे। एक रुपिया के 100 पइसा में बाँटल जाला, हालाँकि, 25 पइसा या एकरा से कम कीमत के पइसा वाला सिक्का साल 2011 के बाद से अब लीगल टेंडर नइखे रह गइल। एह करेंसी के नियंत्रण भारतीय रिजर्व बैंक करे ला।[3] रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया एक्ट, 1934 से रिजर्व बैंक के भारतीय करेंसी के नियंत्रण आ ब्यवस्थापन के अधिकार मिलल हवे। एकर नाँव "रुपिया" सुल्तान शेर शाह सूरी के जारी कइल चानी के सिक्का, जवना के रुपिया कहल जाव, के नाँव पर पड़ल हवे।

साल 2010 में, एक ठो नया चीन्हा आधिकारिक तौर पर अंगीकार कइल गइल। ई चीन्हा देवनागरी लिपि के "" अक्षर आ रोमन "R" (आर) के मिलल जुलल रूप हवे। ऊपर दू गो पट रेख बाड़ी जिनहन से भारत के तिरंगा झंडा के भान होखेला। एह चीन्हा वाला सिक्का सभ के पहिली लाट आठ जुलाई 2011 से चलन में आइल।

8 नवंबर 2016 के मोदी सरकार के एक ठो बड़ फैसला में पुरान 500 आ 1000 रुपिया के नोटबंदी के घोषणा कइल गइल आ ई ओही रात से लागू क दिहल गइल। एकर कारण, काला धन पर रोक लगावल, बतावल गइल। बाद में कैशलेस अर्थब्यवस्था के ओर आगे बढ़े खातिर उठावल गइल कदम के रूप में एह नोटबंदी के परचार कइल गइल। एही के बाद पुरनका 500 के जगह पर नया सीरीज के नोट आइल आ पहिली बेर 2000 रुपिया के नोट भी चलन में आइल। एह नया नोट सभ के डिजाइन छोट कीमत वाला नोट सभ पर भी लागू होखी।

शब्द[संपादन करीं]

रुपिया शब्द के उत्पत्ती संस्कृत के रूप्यकम् से भइल बतावल जाला। रूप्यकम् के अरथ चानी के सिक्का होखे। वर्तमान समय के रुपिया के सीधा संबंध शेर शाह सूरी के चलावल चानी के सिक्का से बाटे जेकरा के रुपिया कहल गइल। मुगल लोग एकरा के एही नाँव से चलावल आ अंगरेजी राज में भी इहे परंपरा चलल चलि आइल।

बंगाल में रुपिया खातिर "टका" शब्द के इस्तेमाल होला। ई रुपिया के आम अरथ में इस्तेमाल होला, भले करेंसी कौनों भी होखे।

वर्तमान में चलन में नोट[संपादन करीं]

वर्तमान में, 10 नवंबर 2016 तक ले, चलन में रुपिया के नोट सभ के लिस्ट नीचे दिहल गइल बाटे:

वर्तमान में चलन में नोट
Image कीमत साइज मुख्य रंग बिबरण चलन क तारीख चलन में
सामने उल्टा सामने उल्टा वाटरमार्क
1 rupee bill historical.jpg KGVI rupee 1 note reverse.jpg 1 97 × 63 mm नीला एक रुपिया के सिक्का सागर सम्राट अशोक स्तंभ 1994 / 2015[4][5] कम
5 INR Obs LR.png 5 INR Rev LR.png 5 117 × 63 mm हरियर महात्मा गाँधी ट्रैक्टर महात्मा गाँधी 2002 / 2009 कम
10 INR Obs LR.png 10 INR Rev LR.png 10 137 × 63 mm नारंगी-बैंगनी गैंडा, हाथी, शेर 1996 / 2006 भरपूर
20 INR Obs LR.png 20 INR Rev LR.png 20 147 × 63 mm लाल-नारंगी माउंट हैरियेट, पोर्ट ब्लेयर 2001 / 2006 भरपूर
50 INR Obs LR.png 50 INR Rev LR.png 50 147 × 73 mm बैंगनी भारतीय संसद 1997 / 2005 भरपूर
100 INR Obs LR.png 100 INR Rev LR.png 100 157 × 73 mm बीच में नीला-हरा, दूनों किनारे भूरा-बैंगनी हिमालय परबत 1996 / 2005 भरपूर
500 INR Obs 2016.jpg 500 INR Rev 2016.jpg 500 150 × 66 mm चट्टानी मटियाहूँ लाल किला 2016 भरपूर
2000 INR Obs 2016.jpg 2000 INR Rev 2016.jpg 2000 166 × 66 mm मैजेंटा मंगलयान 2016 भरपूर
तालिका मानक खातिर देखल जाय नोट_स्पेसिफिकेशन_तालिका

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Indian Rupee to be legal tender in Zimbabwe". दक्कन हेराल्ड.[पूरा उद्धरण जरूरी]
  2. "APPENDIX TABLE 4: INFLATION, MONEY AND CREDIT" (PDF). भारतीय रिजर्व बैंक. 29 अगस्त 2016.
  3. "Reserve Bank of India FAQ — Your Guide to Money Matters". Rbi.org.in. Retrieved 5 November 2014.
  4. "Printing of One Rupee Currency Notes Rules, 2015". The Dollar Business.
  5. India new 1-rupee note dated 2015 confirmed BanknoteNews.com. 25 मई 2015. Retrieved on 26 मई 2015.