पोर्ट ब्लेयर
पोर्ट ब्लेयर | |
---|---|
देस | भारत |
राज्य | अंडमान आ निकोबार दीपसमूह |
Population (2011) | |
• Total | 108,058 |
पोर्ट ब्लेयर (अंग्रेजी: Port Blair) भारत के अंडमान आ निकोबार दीपसमूह राज्य में एक ठो शहर बा।
पोर्ट ब्लेयर अंडमान आ निकोबार दीप सभ के प्रवेश बिंदु हवे। ई मुख्य भूमि भारत से हवाई आ समुंद्र दुनों तरीका से जुड़ल बा। ई शहर के नाँव ईस्ट इंडिया कंपनी के ब्रिटिश औपनिवेशिक नौसेना के अधिकारी कैप्टन आर्चीबाल्ड ब्लेयर के नाँव पर रखल गइल।
ऐतिहासिक सेलुलर जेल शहर में बा आ एकरे लगे के छोट-छोट दीप जइसे कि कोर्बिन के कोव, वांडोर, रॉस दीप, आ वाइपर दीप कबो ब्रिटिश उपनिवेशियन के घर रहलें।[1]
जनसांख्यिकी
[संपादन करीं]साल 2011 के जनगणना[2] अनुसार पोर्ट ब्लेयर के कुल शहरी जनसंख्या 108058 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 108058 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 454वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 871 आ साक्षरता के दर 90.28% बाटे।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "The Cool, Wild and Very Remote Andaman Islands". New York Times. Retrieved 24 June 2024.
- ↑ 2.0 2.1 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |