Jump to content

भारतीय रुपिया

विकिपीडिया से
(भारतीय रुपया से अनुप्रेषित)
भारतीय रुपिया
ISO 4217
कोडINR
नंबर356
घातांक2
डिनॉमिनेशन
छोट इकाई
1/100पइसा
चीन्हा
पइसाp
बैंकनोट
ढेर चलन में10, 20, 50, 100, 500, 2000
कम चलन में1, 2, 5
सिक्का
ढेर चलन में1, 2, 5, 10
कम चलन में50प
जनसंख्या आँकड़ा
ऑफिशियल इस्तेमाल भारत
गैर-ऑफिशियल भूटान[टीप 1]
 नेपाल[टीप 2]
 जिम्बाब्वे[टीप 3][1]
ढलाई/छपाई
सेंट्रल बैंकभारतीय रिजर्व बैंक
छापे वालाभारतीय रिजर्व बैंक
वेबसाइटwww.rbi.org.in
टकसालभारत सरकार टकसाल
वेबसाइटwww.spmcil.com
कीमत
इनफ्लेशन4.9%, 2015-16
स्रोतRBI - Annual Inflation Report
तरीकाCPI[2]
समकक्षभूटानी न्गुल्त्रम (बरोबर)
नेपाली रुपिया (1 INR = 1.6 NPR)

भारतीय रुपिया (चीन्हा: ; कोड: INR), भारत गणतंत्र के ऑफिशियल करेंसी हवे। एक रुपिया के 100 पइसा में बाँटल जाला, हालाँकि, 25 पइसा या एकरा से कम कीमत के पइसा वाला सिक्का साल 2011 के बाद से अब लीगल टेंडर नइखे रह गइल। एह करेंसी के नियंत्रण भारतीय रिजर्व बैंक करे ला।[3] रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया एक्ट, 1934 से रिजर्व बैंक के भारतीय करेंसी के नियंत्रण आ ब्यवस्थापन के अधिकार मिलल हवे। एकर नाँव "रुपिया" सुल्तान शेर शाह सूरी के जारी कइल चानी के सिक्का, जवना के रुपिया कहल जाव, के नाँव पर पड़ल हवे।

साल 2010 में, एक ठो नया चीन्हा आधिकारिक तौर पर अंगीकार कइल गइल। ई चीन्हा देवनागरी लिपि के "" अक्षर आ रोमन "R" (आर) के मिलल जुलल रूप हवे। ऊपर दू गो पट रेख बाड़ी जिनहन से भारत के तिरंगा झंडा के भान होखेला। एह चीन्हा वाला सिक्का सभ के पहिली लाट आठ जुलाई 2011 से चलन में आइल।

8 नवंबर 2016 के मोदी सरकार के एक ठो बड़ फैसला में पुरान 500 आ 1000 रुपिया के नोटबंदी के घोषणा कइल गइल आ ई ओही रात से लागू क दिहल गइल। एकर कारण, काला धन पर रोक लगावल, बतावल गइल। बाद में कैशलेस अर्थब्यवस्था के ओर आगे बढ़े खातिर उठावल गइल कदम के रूप में एह नोटबंदी के परचार कइल गइल। एही के बाद पुरनका 500 के जगह पर नया सीरीज के नोट आइल आ पहिली बेर 2000 रुपिया के नोट भी चलन में आइल। एह नया नोट सभ के डिजाइन छोट कीमत वाला नोट सभ पर भी लागू होखी।

रुपिया शब्द के उत्पत्ती संस्कृत के रूप्यकम् से भइल बतावल जाला। रूप्यकम् के अरथ चानी के सिक्का होखे। वर्तमान समय के रुपिया के सीधा संबंध शेर शाह सूरी के चलावल चानी के सिक्का से बाटे जेकरा के रुपिया कहल गइल। मुगल लोग एकरा के एही नाँव से चलावल आ अंग्रेजी राज में भी इहे परंपरा चलल चलि आइल।

बंगाल में रुपिया खातिर "टका" शब्द के इस्तेमाल होला। ई रुपिया के आम अरथ में इस्तेमाल होला, भले करेंसी कौनों भी होखे।

वर्तमान में चलन में नोट

[संपादन करीं]

वर्तमान में, 10 नवंबर 2016 तक ले, चलन में रुपिया के नोट सभ के लिस्ट नीचे दिहल गइल बाटे:

वर्तमान में चलन में नोट
Imageकीमतसाइजमुख्य रंगबिबरणचलन क तारीखचलन में
सामनेउल्टासामनेउल्टावाटरमार्क
197 × 63 mmनीलाएक रुपिया के सिक्कासागर सम्राटअशोक स्तंभ1994 / 2015[4][5]कम
5117 × 63 mmहरियरमहात्मा गाँधीट्रैक्टरमहात्मा गाँधी2002 / 2009कम
10137 × 63 mmनारंगी-बैंगनीगैंडा, हाथी, शेर1996 / 2006भरपूर
20147 × 63 mmलाल-नारंगीमाउंट हैरियेट, पोर्ट ब्लेयर2001 / 2006भरपूर
50147 × 73 mmबैंगनीभारतीय संसद1997 / 2005भरपूर
100157 × 73 mmबीच में नीला-हरा, दूनों किनारे भूरा-बैंगनीहिमालय परबत1996 / 2005भरपूर
500150 × 66 mmचट्टानी मटियाहूँलाल किला2016भरपूर
2000166 × 66 mmमैजेंटामंगलयान2016भरपूर
तालिका मानक खातिर देखल जाय नोट_स्पेसिफिकेशन_तालिका
  1. "Indian Rupee to be legal tender in Zimbabwe". दक्कन हेराल्ड.[पूरा उद्धरण जरूरी]
  2. "APPENDIX TABLE 4: INFLATION, MONEY AND CREDIT" (PDF). भारतीय रिजर्व बैंक. 29 अगस्त 2016.
  3. "Reserve Bank of India FAQ — Your Guide to Money Matters". Rbi.org.in. Archived from the original on 12 January 2012. Retrieved 5 November 2014.
  4. "Printing of One Rupee Currency Notes Rules, 2015". The Dollar Business.
  5. India new 1-rupee note dated 2015 confirmed Archived 2015-05-27 at the Wayback Machine BanknoteNews.com. 25 मई 2015. Retrieved on 26 मई 2015.