पुराना किला, दिल्ली

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
पुराना किला के खँडहर आ झील
दिल्ली चिड़ियाघर के ओर से देखले पर पुराना किला

पुराना किला, भारत के राजधानी दिल्ली में सबसे पुरान किला बाटे। ई अफ़गान शासक शेर शाह सूरी के बनवावल किला हवे। पुराना किला नई दिल्ली में यमुना नदी के किनारे बसल प्राचीन दीना-पनाह नगर के आंतरिक किला हवे। ई किला के निर्माण शेर शाह सूरी अपना शासन काल में 1538 से 1545 के बीच बनवई रहले। ई किला, के तीन बड़का द्वार बा अऊर किला के दीवार विशाल बा।