पुरबी इंडो-आर्यन भाषा
Appearance
पुरबी इंडो-आर्यन | |
---|---|
मागध | |
भूगोलीय बिस्तार | पुरबी भारत, बांग्लादेश, आ दक्खिनी नेपाल |
भाषा बर्गीकरण | इंडो-यूरोपियन
|
सुरुआती रूप | |
उपबिभाजन | |
Glottolog | indo1323 (Indo-Aryan Eastern zone)[1] biha1245 (Bihari)[2] |
पुरबी इंडो-आर्यन भाषा सभ (अंग्रेजी: Eastern Indo-Aryan languages), जिनहन के मागध भाषा भी कहल जाला, भारत के पुरबी हिस्सा, आसाम आ बांग्लादेश में बोलल जालीं। भारत में इनहन के इलाका उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल, मय बिहार, झारखंड, बंगाल, त्रिपुरा, आसाम आ ओडिशा बाटे। एकरे अलावा ई हिमालय के तराई वाला इलाका में नेपालो में बोलल जालीं। इनहन में बंगाली सभसे बड़ बिस्तार वाली बाटे जे बांग्लादेश आ पच्छिम बंगाल के ऑफिशियलो भाषा हवे; आसाम के बराक घाटी आ त्रिपुरा में भी बंगाली ऑफिशियल भाषा हवे। असमिया आ ओडिया क्रम से आसाम आ ओडिशा राज्य के ऑफिशियल भाषा हईं। ई पुरबी भाषा सभ अबहट्ट से निकसल हईं जे खुद मागध अपभ्रंश से जनमल हवे;[3] मागध अपभ्रंश खुद मागधी प्राकृत से जनमल हवे।[4][5][3]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "Indo-Aryan Eastern zone". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.
- ↑ Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "Bihari". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.
- ↑ 3.0 3.1 Ray, Tapas S. (2007). "Chapter Eleven: "Oriya". In Jain, Danesh; Cardona, George. The Indo-Aryan Languages. Routledge. p. 445. ISBN 978-1-135-79711-9.
- ↑ Cardona, George; Jain, Dhanesh, eds. (2003), "The historical context and development of Indo-Aryan", The Indo-Aryan Languages, Routledge language family series, London: Routledge, pp. 46–66, ISBN 0-7007-1130-9
- ↑ South Asian folklore: an encyclopedia : Afghanistan, Bangladesh, India, By Peter J. Claus, Sarah Diamond, Margaret Ann Mills, Routledge, 2003, p. 203
ई भाषा-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |