Jump to content

बिहारी भाषा

विकिपीडिया से
बिहारी
भूगोलीय
बिस्तार
भारतनेपाल
भाषा बर्गीकरणइंडो-यूरोपियन
उपबिभाजन
ISO 639-1bh
ISO 639-2 / 5bih
Glottologbiha1245[1]

बिहारी भाषा भारतीय राज्य बिहार आ एकरे लघ ओंघ के राज्यन में आ सटल नेपाल में बोलल जाए वाली पुरबी इंडिक भाषावन सभ के समूह हऽ। एह भाषा सभ में भोजपुरी, मगही, मैथिलीअंगिका मुख्य भाषा बाड़ी स। प्रमुख रूप से भारत के ई भाषा सभ के बोले बालन के संख्या नेपालो में 21% से भी अनघा बा।

हालाँकि, एह भाषा सभ के बोले वालन के संख्या बहुते ढेर बा, तबो प मैथिली के अलावा भारत में इनहन के संबैधानिक रुप से भाषा के दर्जा नइखे आ इनहन के हिंदी के बोली के रूप में मानल जाला। मैथिली के 2003 में संविधान के 92वें संशोधन में संबैधानिक दर्जा मिलल। अहिजा तक कि बिहारे में, पढ़ाई-लिखाई आ कार्यालयी क्षेत्र में हिंदी भाषा इस्तमाल होखे ला। इ भाषावन के 1961 में कानूनी रुप से हिंदी के ब्यापक छत्रछाया में बोली मान लिहल गइल। इ तरिक से राज्य आ राष्ट्रिय राजनीति अइसन भाषावन के लोप होवे के अवस्था बना रहल बा लोग।[2]

नालंदा खुला विश्वविद्यालय बिहारी भाषावन (मगही, भोजपुरी, मैथिली) में कई तरह के कोर्स उपलब्ध करवले बा।[3] आजादी के बाद हिंदी भाषा के बिहार के एकमात्र अधिकारिक भाषा के तौर पर बिहार अधिकारिक भाषा एक्ट, 1950 में जगह दिहल गइल।[4] 1981 में हिंदी एकही अधिकारिक भाषा के दर्जा से हट गइल आ एकरे संघे संघे उर्दू के दूसर अधिकारिक भाषा के दर्जा दिहल गइल। हिंदी आ उर्दू के एह लड़ाई में बहुत अधिक संख्या में बोले जाये वाल भाषावन मगही, भोजपुरी आ मैथिली के अनदेखा कर दिहल गइल।

समूह में शामिल भाषा कुल

[संपादन करीं]
भाषा कुल[5] ISO 639-3 लिखाई बोले वाला लोग भूगोलीय बिस्तार
अंगिकाanpपहिले अंग लिखाई; देवनागरी725,000पुरबी बिहार, उत्तरी-पुरबी झारखंड, पच्छिम बंगाल
बज्जिकादेवनागरी8,738,000उत्तरी-बिचला बिहार पुरबी तराई
भोजपुरीbhoपहिले कैथी; देवनागरी38,546,000पच्छिमी बिहार, पुरबी उत्तर प्रदेश आ मध्य तराई, दक्खिनी नेपाल
फिजी हिंदी hifलैटिनदेवनागरी460,000फिजी दीपसमूह
कुरमालीkywदेवनागरी, चिस (संभावित बतावल जाले)37,000पुरबी झारखंड, पच्छिम बंगाल
मगहीmagपहिले कैथी; देवनागरी20,362,000दक्खिनी-पच्छिमी बिहार
मैथिलीmaiमिथिलाक्षर (पुरबी नागरी लिखाई रूप), देवनागरी25,204,005उत्तर बिहार, झारखंड, मधेस, नेपाल में ऑफिशियल दर्जा
माँझीmjzN.A21,841पुरबी बिहार, नेपाल
मुससाsmmN.A50,000पुरबी बिहार, नेपाल
पँचपरगनियाtdbदेवनागरी, कबो-कबो बंगाली & कैथी274,000पच्छिम बंगाल झारखंड आसाम
सदरीsckदेवनागरी165,683झारखंड बिहारबांग्लादेस
खोर्था भाषाsdrपुरबी नागरी लिखाई, देवनागरी1,965,000उत्तरी झारखंड
सरनामी हिन्दुस्तानीhnsलैटिन, देवनागरी150,000सूरीनाम
सुरजपुरीsjpदेवनागरी273,000उत्तरी-पुरबी बिहार
  1. Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "बिहारी". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.
  2. Verma, Mahandra K. Language Endangerment and Indian languages : An exploration and a critique. {{cite conference}}: Cite has empty unknown parameter: |coauthors= (help); Unknown parameter |booktitle= ignored (help)
  3. Courses Archived 2023-08-18 at the Wayback Machine. नालंदा खुला विश्वविद्यालय. Retrieved on 2023-08-18.
  4. Brass Paul R., The Politics of India Since Independence, Cambridge University Press, pp. 183
  5. Bihari Languages

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]