बिहारी भाषा भारतीय राज्य बिहार आ एकरे आसपास के राज्यन में आ सटल नेपाल में बोलल जाए वाली पुरबी इंडिक भाषावन सभ के समूह हऽ। एह भाषा सभ में भोजपुरी, मगही, मैथिली आ अंगिका मुख्य भाषा बाड़ी स। प्रमुख रूप से भारत के ई भाषा सभ के बोले वालन के संख्या नेपालो में 21% से भी ढेर बा।
हालाँकि, एह भाषा सभ के बोले वालन के संख्या बहुते ढेर बा, तबो प मैथिली के अलावा भारत में इनहन के संबैधानिक रुप से भाषा के दर्जा नइखे आ इनहन के हिंदी के बोली के रूप में मानल जाला। मैथिली के 2003 में संविधान के 92वें संशोधन में संबैधानिक दर्जा मिलल। अहिजा तक कि बिहारे में, पढ़ाई-लिखाई आ कार्यालयी क्षेत्र में हिंदी भाषा इस्तमाल होखे ला। इ भाषावन के 1961 में कानूनी रुप से हिंदी के ब्यापक छत्रछाया में बोली मान लिहल गइल। इ तरिक से राज्य आ राष्ट्रिय राजनीति अइसन भाषावन के लोप होवे के अवस्था बना रहल बा लोग।[2]
नालंदा खुला विश्वविद्यालय बिहारी भाषावन (मगही, भोजपुरी, मैथिली) में कई तरह के कोर्स उपलब्ध करवले बा।[3] आजादी के बाद हिंदी भाषा के बिहार के एकमात्र अधिकारिक भाषा के तौर पर बिहार अधिकारिक भाषा एक्ट, 1950 में जगह दिहल गइल।[4] 1981 में हिंदी एकमात्र अधिकारिक भाषा के दर्जा से हट गइल आ एकरे साथे-साथ उर्दू के दूसर अधिकारिक भाषा के दर्जा दिहल गइल। हिंदी आ उर्दू के एह लड़ाई में बहुत अधिक संख्या में बोले जाये वाल भाषावन मगही, भोजपुरी आ मैथिली के अनदेखा कर दिहल गइल।