नाटो

विकिपीडिया से
उत्तर अटलांटिक ट्रीटी ऑर्गेनाइजेशन
North Atlantic Treaty Organization
Organisation du traité de l'Atlantique nord
नाटो के झंडा
नाटो के लोगो
सदस्य देसन के कंट्रोल वाला एरिया के नक्शा पर लोकेशन
छोट नाँवNATO, OTAN
बनल4 अप्रैल 1949 (1949-04-04)
प्रकारमलेटरी गठबंधन
मुख्यालयब्रसेल्स, बेल्जियम
मेंबरhip
ऑफिशियल भाषा
खरच (2019) 873.9 बिलियन US$1.036 trillion[2]
वेबसाइटwww.nato.int एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं

नाटो (NATO) जेकर पूरा नान नॉर्थ अटलांटिक ट्रीटी ऑर्गेनाइजेशन (North Atlantic Treaty Organization) हवे, एगो अंतरसरकारी सैनिक गठबंधन हवे। एकर अस्थापना उत्तरी अटलांटिक संधि पर दसखत के साथे 4 अप्रैल 1949 के भइल। बर्तमान में एह गठबंधन के सदस्य राज्य सभ में यूरोप के 27 गो देस, 2 गो अमेरिकी देस आ 1 ठो यूरेशियाई देस शामिल बाड़ें।

भोजपुरी में एकरे नाँव के मतलब होखी, उत्तर अटलांटिक संधि संगठन; एकरा के नॉर्थ अटलांटिक एलायंस (North Atlantic Alliance), मने कि उत्तर अटलांटिक गठबंधन भी कहल जाला।

एकरे अस्थापना के बादे से एकर सदस्य देस बढ़त गइलें आ सुरुआती 12 गो देसन से बढ़ि के अब 30 देस भ गइल बाड़ें। एकर सभसे नया सदस्य बने वाला देस उत्तर मैसिडोनिया बाटे जे 27 मार्च 2020 के एह में सामिल भइल। नाटो द्वारा खुद एह समय बोस्निया आ हर्जेगोविना, जॉर्जियायूक्रेन के एह में शामिल होखे के इच्छा रखे वाला देस के रूप में मानल जा रहल बाटे।[3] फरवरी 2022 में रूस के यूक्रेन पर हमला करे से पहिले रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के माँग रहल कि यूक्रेन, जॉर्जिया आ मोल्डोवा देसन के नाटो में न सामिल कइल जाय।[4] कुल सदस्य देसन के अलावा 20 देस नाटो के शांति प्रोग्राम में शामिल बाड़ें आ 15 अउरी देस संस्थागत रूप से बार्ता के प्रोग्राम के हिस्सा बाड़ें। एकरे सगरी मेंबर स्टेट सभ के कुल एकट्ठा मलेटरी खर्चा के अनुमान 2020 में बैस्विक खर्चा के 57% रहल।[5] इहो संकल्प रहल कि हर मेंबर देस अपना जीडीपी के कम से कम 2% हिस्सा 2024 ले रक्षा-प्रतिरक्षा के मद में जरूर से खर्चा करी।[6][7]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "English and French shall be the official languages for the entire North Atlantic Treaty Organization". Final Communiqué following the meeting of the North Atlantic Council on 17 September 1949 Archived 6 दिसंबर 2006 at the Wayback Machine. "... the English and French texts [of the Treaty] are equally authentic ..." The North Atlantic Treaty, Article 14 Archived 14 सितंबर 2011 at the Wayback Machine
  2. "Defence Expenditure of NATO Countries (2010–2019)" (PDF). Nato.int. Archived (PDF) from the original on 30 October 2018. Retrieved 10 July 2018.
  3. "What is NATO?". What is NATO? (अंग्रेजी में). Retrieved 2022-02-25.
  4. "The edge of war: what, exactly, does Putin want in Ukraine?". the Guardian (अंग्रेजी में). 2022-02-12. Retrieved 2022-02-25.
  5. "The SIPRI Military Expenditure Database". Milexdata.sipri.org. 2021. Retrieved 28 April 2021.
  6. The Wales Declaration on the Transatlantic Bond Archived 10 जून 2018 at the Wayback Machine, NATO, 5 September 2014.
  7. Erlanger, Steven (26 March 2014). "Europe Begins to Rethink Cuts to Military Spending". The New York Times. Archived from the original on 29 मार्च 2014. Retrieved 3 April 2014. Last year, only a handful of NATO countries met the target, according to NATO figures, including the United States, at 4.1 percent, and Britain, at 2.4 percent.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]