सदाबहार
सदाबहार | |
---|---|
गुलाबी सदाबहार | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | प्लांटाई |
(बिना रैंक कइल): | एंजियोस्पर्म्स |
(बिना रैंक कइल): | यूडिकोट्स |
(बिना रैंक कइल): | एस्टेराइड |
ऑर्डर (Order): | Gentianales |
परिवार: | Apocynaceae |
उपपरिवार: | Rauvolfioideae |
जाति (Genus): | Catharanthus George Don |
टाइप प्रजाति | |
Catharanthus roseus (L.) G. Don.[1] | |
अउरी दूसर नाँव[2] | |
|
सदाबहार (अंग्रेजी आ बैज्ञानिक नाँव: Catharanthus, कैथेरेन्थस) फूलदार पौधा सभ के एगो जाति हवे। एह पौधा सभ में बारहों महीना फूल फुलालें जेकरा चलते इनहना के सदाबहार नाँव दिहल गइल हवे। एह फूल के कुल आठ गो प्रजाति पावल जालीं[3] जिनहन में गुलाबी सदाबहार कैथेरेंथस रोस़स (Catharanthus roseus) बहुतायत से मिले ला। एह आठ गो प्रजाति सभ में से सात गो मैडागास्कर के मूल पौधा हवें जबकि एक ठो कैथेरेंथस पुसिलस (C. pusillus) भारत आ श्रीलंका के मूल पौधा हवे। एकर अंग्रेजी नाँव यूनानी भाषा से आइल हवे जेकर अरथ "शुद्ध फूल" होला।[4] बैज्ञानिक रूप से ई एपोसाइनेसी (Apocynaceae) परिवार के पौधा हवें जेह में विंका जाति के पौधा भी आवे लें। कैथेरेंथस आ विंका दुनों जाति के कई पौधा सभ के अंग्रेजी में आम नाँव पेरिविंकल से भी जानल जाला।[5] खुद गुलाबी सदाबहार के पहिले विंका रोसस के नाँव से विंका जाति में रखल गइल रहे।
पौधा झाड़ीनुमा होला आ फूल पाँच पंखुरी वाला होलें।
इनहन में से कई प्रजाति सभ के जड़ी-बूटी के रूप में इस्तेमाल होला।[6] आधुनिक बैदकी में भी इनहन के इस्तेमाल होला आ करीबन 130 किसिम के एल्केलाइड निकासल जालें जिनहन में दवाई के गुन होला।
प्रजाति
[संपादन करीं]एह पौधा के कुल आठ गो प्रजाति पावल जाली:[3][2]
- Catharanthus coriaceus Markgr. – मैडागास्कर
- Catharanthus lanceus (Bojer ex A.DC.) Pichon – मैडागास्कर
- Catharanthus longifolius (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
- Catharanthus ovalis Markgr. – मैडागास्कर
- Catharanthus pusillus (Murray) G.Don. – भारत, श्रीलंका, पच्छिमी हिमालय
- Catharanthus roseus (L.) G.Don. – (अंग्रेजी नाँव: Madagascar periwinkle, old-maid, rosy periwinkle, pink periwinkle) – मैडागास्कर, इटली में प्राक्रितीकरण हो चुकल बा, दक्खिन एशिया, ऑस्ट्रेलिया, अमेरिका देस के दक्खिनी हिस्सा, मध्य अमेरिका क्षेत्र, भारत आ अउरी कई गो समुंद्री दीप सभ पर
- Catharanthus scitulus (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
- Catharanthus trichophyllus (Baker) Pichon – मैडागास्कर, भारत में सदाबहार या बारहमासी के नाँव से जानल जाला
गैलरी
[संपादन करीं]-
गुलाबी सदाबहार के गुलाबी फूल
-
गहिरा लाल रंग के किसिम, गुलाबी सहाबहार के
-
सफ़ेद फूल वाली किसिम, गुलाबी सदाबहार
-
लाल रंग के किसिम
-
Catharanthus trichophyllus
-
Catharanthus pusillus
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ lectotype designated by Pfeiffer, Nom. 1: 627 (1873)
- ↑ 2.0 2.1 "World Checklist of Selected Plant Families". Retrieved 21 मई 2014.
- ↑ 3.0 3.1 Catharanthus. Madagascar Catalogue. eFloras.
- ↑ Catharanthus. The Jepson eFlora 2013.
- ↑ Catharanthus. Integrated Taxonomic Information System (ITIS).
- ↑ Dr. M.L. Parihar (12 April 2018). Vaikalpic Chikitsa-Paddhatiyon ke Madhyam se Samagra Swasthya-Prabandhan. Idea Publishing. pp. 267–. GGKEY:3TH2DB97EYS.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Catharanthus पर मौजूद बा। |
विकिप्रजाति पर संबंधित जानकारी Catharanthus पर मौजूद बाटे। |
- सदाबहार at Encyclopædia Britannica
- "Catharanthus". Species 2000 & ITIS Catalogue of Life. Species 2000: Naturalis, Leiden, the Netherlands.
ई बनस्पति बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |