विकिपीडिया:इतिहास में आजु/जून
"इतिहास में आजु" के पुरालेख
जनवरी – फरवरी – मार्च – अप्रैल – मई – जून – जुलाई – अगस्त – सितंबर – अक्टूबर – नवंबर – दिसंबर
"इतिहास में आजु" संबंधी हाल के संपादन – "इतिहास में आजु" खातिर पैमाना आ संपादन निर्देश
वर्तमान समय:02:17; बियफे, 5 दिसंबर 2024 (यूटीसी) – रिफ्रेश करीं
<< | "इतिहास में आजु" जून | >> | ||||
इत | सोम | मंग | बुध | गुरु | शुक्र | शनि |
1 | ||||||
2 | 3 | 4 | 5 | 6 | 7 | 8 |
9 | 10 | 11 | 12 | 13 | 14 | 15 |
16 | 17 | 18 | 19 | 20 | 21 | 22 |
23 | 24 | 25 | 26 | 27 | 28 | 29 |
30 | ||||||
ई इतिहास में आजु के पुरालेख हवे जवन मुख्य पन्ना पर देखावल गइल रहे। 2024 में दिन सभ के सारिणी में सजावट |
१ जून: अंतर्राष्ट्रीय बाल दिवस, अभिभावक दिवस
- १४९५ – स्कॉटलैंड के एगो ऍक्सचेकर रोल में पहिली बेर स्कॉच विस्की के जिकिर मिले ला। (बोतल के फोटो)
- १८३१ – ब्रिटिश रॉयल नेवी के अफ़सर आ खोजी जेम्स क्लार्क रोस अपने खोजी दल के लेके पहिली बेर उत्तरी चुंबकीय ध्रुव पर पहुँचलें।
- १९८० – CNN टीवी नेटवर्क पहिला २४-घंटा समाचार देखावे वाला चैनल के रूप में लांच कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १९५३ – ब्रिटिश राजगद्दी पर महारानी एलिज़ाबेथ द्वितीय के ताजपोशी भइल।
- १९६६ – अमेरिका के पहिला अंतरिक्ष यान सर्वेयर 1 चंद्रमा के ज़मीन पर सफलतापूर्वक उतरल।
- १९९९ – भूटान प्रसारण सेवा के सुरुआत भइल जवना के पहिले भूटान एकलौता अइसन देस रहल जहाँ टीवी पर प्रतिबंध लागू रहल।
- २०१२ – मिस्र के पूर्व राष्ट्रपति होस्नी मुबारक के २०११ के अरब क्रांति के दौरान प्रदर्शनकारी लोग के हत्या के आदेश देवे के आरोप में उम्रकैद के सजा सुनावल गइल।
- २०१४ – तेलंगाना (फोटो में देखावल गइल) भारत के २९वाँ राज्य बनल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १९१५ – रविंद्रनाथ टैगोर के ब्रिटिश सरकार को नाइटहुड की उपाधि से दिहलस।
- १९४३ – संयुक्त राष्ट्र संघ के द्वारा राहत आ पुनर्वास प्रशासन के स्थापना कइल गइल।
- १९४७ – भारत के बँटवारा के ऐलान, ब्रिटिश राज में भारत के आखिरी वायसरॉय लॉर्ड माउंटबेटन के द्वारा कइल गइल।
- १९५९ – सिंगापुर के सेल्फ गर्वनिंग स्टेट घोषित कइल गइल, एकरा पहिले ई ब्रिटिश साम्राज्य के हिस्सा रहल।
- १९८४ – भारतीय सेना ऑपरेशन ब्लू स्टार शुरू कइलस; ई ऑपरेशन स्वर्ण मंदिर से अलगाववादी सिख सभ के बाहर निकाले खातिर चलावल गइल रहल।
- २००६ – मॉन्टीनीग्रो (झंडा फोटो में देखावल) अपना के आजाद घोषित कइलस आ एही के साथ सर्बिया आ मॉन्टीनीग्रो के यूनियन भंग हो गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
४ जून: स्वतंत्रता दिवस: टोंगा (१९७०)
- १०३९ – हेनरी III आज के दिन पबित्र रोमन साम्राज्य के सम्राट बनलें।
- १९४२ – मिडवे के लड़ाई, जवन दुसरा बिस्व जुद्ध के एगो महत्वपूर्ण प्रशांत महासागरीय लड़ाई रहे, जापानी सेना के मिडवे ऍटॉल पर हमला के साथ शुरू भइल।
- १९८९ – बीजिंग में तियानमेन चौक बिरोधप्रदर्शन के पीपल्स लिबरेशन आर्मी बहुत हिंसात्मक रूप से दमन कइलस जवना में कम से २४१ लोग के जान गइल आ ७,००० के करीब लोग घाही भइल, जवना खातिर चीन के सरकार के बहुत आलोचना भइल।
- २०११ – ली ना (फोटो में देखावल) फ्रेंच ऑपन टेनिस में फाइनल जीत के टेनिस के ग्रैंड स्लैम जीते वाली पहिली चीनी आ पूर्ब एशियाई खेलाड़ी बनली।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १८३२ – जून बिद्रोह, राजशाही के खिलाफ़ फ्रांस के बिद्यार्थिन के एगो महत्वपूर्ण आंदोलन, पेरिस में शुरू भइल।
- १८४९ – डेनमार्क में संबिधान लागू भइल आ संबैधानिक राजशाही के अस्थापना भइल।
- १९६९ – इंटरनेशनल कम्युनिस्ट कांफ्रेंस के मास्को में शुरुआत भइल।
- १९९१ – मिखाइल गोर्बाचोव के सोवियत संघ आ शीतयुद्ध के अंत में उनके बहुत अहम भूमिका खातिर नोबल शांति पुरस्कार दिहल गइल आ ऊ ऑस्लो के विश्वविद्यालय में आपन नोबल भाषण दिहलें।
- १९९५ – बोस-आइंस्टीन कंडेनसेट नाँव के पदार्थ के एगो नया अवस्था के पहिली बेर प्रयोगशाला में निर्माण कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १५२३ – गुस्ताव वासा स्वीडन के राजा बनलें, एही के साथ काल्मर यूनियन के अंत हो गइल।
- १६७४ – शिवाजी, जे मराठा लोग के आदिलशाही सल्तनत आ मुग़ल साम्राज्य से आजाद होखे खातिर लड़ाई लड़लें मराठा साम्राज्य के पहिला छत्रपति बनलें।
- १८५९ – महारानी विक्टोरिया क्वींसलैंड के न्यू साउथ वेल्स से अलगा करे के कागजात पर दस्खत कइली, जवना उपलक्ष में क्वींसलैंड दिवस मनावल जाला।
- १८९२ – शिकागो के "ऍल" ट्रेन, कुल पटरी के लंबाई के मामिला में अमेरिका के दुसरा सभसे बड़ा तेज परिवहन सिस्टम काम करे शुरू कइल।
- १९८१ – भारत के सभसे बड़हन रेल दुर्घटना में, बाघमती नदी में रेल के उलट जाए से लगभग ५०० से ढेर लोग के मउत हो गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १०९९ – पहिला क्रूसेड के सदस्य जेरुसलेम पहुँच के पाँच हफ्ता के शहर के घेराव कइलें।
- १६९२ – लगभग 7.5 MW के भूकंप में पोर्ट रॉयल, जमैका, समुंद्र तल के नीचे धँस गइल आ लगभग ५,००० लोग के मौत भइल।
- १९२९ – वेटिकन सिटी एगो संप्रभु राज्य बन गइल।
- १९७५ – क्रिकेट वल्ड कप, के पहिली सीरीज के पहिला मैच भारत आ इंग्लैंड के बीच लार्ड्स क्रिकेट ग्राउंड में खेलल गइल आ वन डे इंटरनेशनल के वल्ड कप के शुरुआत भइल।
- १९८२ – ग्रेसलैंड (फोटो में देखावल), एल्विस पार्सले के मेम्फिस, टेनसी में मौजूद महल, एगो म्यूजियम के रूप में पब्लिक खातिर खोलल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १७८३ – आइसलैंड के लाकी क्रेटर में आठ महीना चले वाला उद्गार शुरू भइल जवना के कारण फ्लोरीन के घातक प्रदूषण से ब्यापक स्तर पर नुकसान भइल।
- १९४८ – भारत के पहली इंटरनेशनल विमान सेवा एयर इंडिया (एगो आधुनिक बिमान फोटो में देखावल) के द्वारा भारत आ ब्रिटेन के बीच हवाई सेवा शुरू कइल गइल, जब मालाबार प्रिंसेस नाँव के जहाज बंबई से लंदन के हीथ्रो एयरपोर्ट खातिर उड़ान भरलस।
- १९९२ – ब्राजील में पहिली बेर, रियो सम्मलेन में कनाडा के प्रस्ताव पर बिस्व समुंद्र दिवस मनावल गइल।
- १९९५ – कंप्यूटर प्रोग्रामिंग भाषा पी॰ऍच॰पी॰ (PHP) के पहिला वर्शन रिलीज भइल, आज ई दुनिया के ४०% से ढेर वेबसाइटन में सर्वर साइड के भाषा के रूप में इस्तेमाल होत बाटे।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- ६८ – रोम के सम्राट नीरो रोम के सीनेट द्वारा गद्दी से हटा दिहल गइले के बाद आत्महत्या कर लिहलें।
- १९३४ – डोनाल्ड डक , मशहूर कार्टून कैरेक्टर, पहिली बेर दि वाइज लिटल हेन में देखाई पड़ल।
- १९४६ – राजा आनंद महिडोल के हत्या होखले के बाद, भुमिबोल अदुल्यादेज , दुनिया के सभसे लंबा समय से शासन करे वाला वर्तमान राजा, थाइलैंड के राजगद्दी पर बइठलें।
- १९६४ – भारत-पाकिस्तान जुद्ध १९६५ के समय भारत के नेता आ "जय जवान जय किसान" के नारा देवे वाला लाल बहादुर शास्त्री (फोटो में देखावल) भारत के दुसरा प्रधानमंत्री बनलें।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- ११९० – तिसरा क्रुसेड: फ्रेडरिक I बरबोसा के क्रूसेडर्स के नेतृत्व करत समय, अनातोलिया के सालेफ नदी में डूब के मउत हो गइल।
- १८८६ – माउंट तारावेरा, न्यूजीलैंड के उत्तर दीप में एगो जवालामुखी परबत, के बिस्फोट भइल आ १२० से ढेर लोगन के मौत हो गइल आ "दि पिंक एंड वाइट टैरेसेस" नष्ट हो गइल।
- १९६७ – छह दिन के जुद्ध, जवना के "जून के लड़ाई" भी कहल जाला, के अंत हो गइल आ इजराइल आ सीरिया के बीच समझौता भइल।
- १९८६ – भारतीय क्रिकेट टीम पहिली बेर लार्ड्स के मैदान पर इंग्लैंड के टेस्ट मैच में पाँच बिकेट से हरवलस।
- २००३ – नासा के मंगल यान, स्पिरिट (फोटो में देखावल) लांच कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १७७० – अंग्रेज खोजी नाविक जेम्स कुक के जहाज ऍच॰ऍम॰ऍस॰ एंडीवर ग्रेट बैरियर रीफ से टकरा गइल आ एह जहाज के काफी नोकसान के बाद आगे बढ़ल।
- १७७६ – सेकेंड कंटीनेंटल कांग्रेस द्वारा ब्रिटेन के तेरह कॉलोनी सभ के आजादी के घोषणापत्र बनावे खातिर पाँच लोग के कमेटी नियुक्ति कइल गइल।
- १९१७ – अलेक्जेंडर अपने पिता के कांस्टेंटाइन , जिनके अपहरण हो गइल रहल, के बाद यूनान के राजा बनलें।
- २००७ – भारी मानसूनी बरखा के बाद भइल कीचड़बहाव में बांग्लादेश के चटगाँव में १३० लोग के मौत हो गइल।
- २०१२ – दोहरा भूकंप उत्तरी अफगानिस्तान में अइलें आ भारी जमीन दरकाव से एगो गाँव तोपा गइल आ ७५ लोग के मौत हो गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १९७५ – इलाहाबाद हाइकोर्ट ओह समय के प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के चुनावी भ्रष्टाचार के मामिला में दोषी करार दिहलस।
- १९४२ – अपना तेरहवाँ जन्मदिन से, ऍन फ्रैंक डायरी लिखे शुरू कइली।
- १९६४ – नेल्सन मंडेला आ अफ्रीकी नॅशनल कांग्रेस के नेता लोग एगो मुकदमा में दोसी करार दिहल गइल आ मंडेला के उमर-क़ैद के सजाय सुनावल गइल।
- १९९१ – बोरिस येल्तसिन तत्कालीन रूसी रिपब्लिक के राष्ट्रपति बनलें।
- १९९४ – बोइंग ७७७ (फोटो में देखावल), दुनिया के सभसे बड़ा ट्विनजेट, आपन पहिली उड़न भरलस।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १८९८ – कनाडा के नया राज्य यूकॉन टेरिटरी पहिले के नार्थवेस्ट टेरीटरीज़ से अलग हो के अस्तित्व में आइल।
- १९७१ – दि न्यूयॉर्क टाइम्स द्वारा अमेरिकी सेना के गोपनीय दस्तावेज से संबंधित रपट पेंटागन पेपर्स के छापे शुरू कइलस।
- १९८३ – पायोनियर 10 अपना अभियान में नेप्च्यून के कक्षा के पार कइलस आ पहिला मानव के बनावल चीज बनल जवन सौर मंडल के मुख्य ग्रह सभ के कक्षा से बाहर पहुँच गइल होखे।
- २०१० – जापानी अंतरिक्ष मिशन हायाबुसा पहिला अंतरिक्ष मिशन बनल जवन एगो एस्टेरायड के नमूना ले के पृथिवी पर लवटल।
- २०१५ – प्रिंस कार्ल फिलिप आ गलैमर मॉडल सोफिया हेल्क्विस्ट (फोटो में देखावल) के बियाह भइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १७७५ – कंटिनेंटल काँग्रेस के द्वारा पारित एक्ट से यूनाइटेड स्टेट्स आर्मी के स्थापन कंटीनेंटल आर्मी के नाँव से भइल।
- १७७७ – दूसरी कंटिनेंटल काँग्रेस में अमेरिका के सितारा आ पट्टी वाला नक्शा के डिजाइन पास हो गइल आ एह तरे अमेरिका के झंडा बनल।
- १८२२ – अंग्रेज गणितज्ञ चार्ल्स बबेज के द्वारा रॉयल एस्ट्रोनॉमिकल सोसायटी के सोझा एगो परचा पढ़ल गइल जवना में पौलिनौमियल फंक्शन के सारिणी बनावे खातिर एगो ऑटोमेटिक मशीनी कैलकुलेटर डिफ़रेंस इंजन के प्रस्ताव रखल गइल।
- १९९९ – थाबो म्बेकी (फोटो में देखावल) दक्खिन अफ्रीका के दुसरा राष्ट्रपति के रूप में शपथ ग्रहण कइलें।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/15 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/16 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/17 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/18 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/19 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/20 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/21 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/22 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/23 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/24 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/25 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/26 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/27 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/28 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/29 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/30 जून देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
"इतिहास में आजु" के पुरालेख
जनवरी – फरवरी – मार्च – अप्रैल – मई – जून – जुलाई – अगस्त – सितंबर – अक्टूबर – नवंबर – दिसंबर
"इतिहास में आजु" संबंधी हाल के संपादन – "इतिहास में आजु" खातिर पैमाना आ संपादन निर्देश
वर्तमान समय:02:17; बियफे, 5 दिसंबर 2024 (यूटीसी) – रिफ्रेश करीं