विकिपीडिया:इतिहास में आजु/8 जून

विकिपीडिया से

इतिहास में 8 जून के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


८ जून: बिस्व समुंद्र दिवस

एयर इंडिया के एगो बिमान,
एयर इंडिया के एगो बिमान,
  • १७८३ – आइसलैंड के लाकी क्रेटर में आठ महीना चले वाला उद्गार शुरू भइल जवना के कारण फ्लोरीन के घातक प्रदूषण से ब्यापक स्तर पर नुकसान भइल।
  • १९४८ – भारत के पहली इंटरनेशनल विमान सेवा एयर इंडिया (एगो आधुनिक बिमान फोटो में देखावल) के द्वारा भारत आ ब्रिटेन के बीच हवाई सेवा शुरू कइल गइल, जब मालाबार प्रिंसेस नाँव के जहाज बंबई से लंदन के हीथ्रो एयरपोर्ट खातिर उड़ान भरलस।
  • १९९२ – ब्राजील में पहिली बेर, रियो सम्मलेन में कनाडा के प्रस्ताव पर बिस्व समुंद्र दिवस मनावल गइल।
  • १९९५ – कंप्यूटर प्रोग्रामिंग भाषा पी॰ऍच॰पी॰ (PHP) के पहिला वर्शन रिलीज भइल, आज ई दुनिया के ४०% से ढेर वेबसाइटन में सर्वर साइड के भाषा के रूप में इस्तेमाल होत बाटे।