ज्वालामुखी
Jump to navigation
Jump to search
ज्वालामुखी जमीन में अइसन दरार या छेद के कहल जाला जौना में से जमीन के अंदर से गर्म लावा आ अउरी पदार्थ बाहर निकले ला। लावा, गर्म चट्टान के टुकड़ा, गर्म राखी इत्यादि के जमीन से बाहर निकले के एह घटना के ज्वालामुखीयता कहल जाला।
आम भाषा में ज्वालामुखी परबत आ ज्वालामुखी दुनो के एकही बूझल जाला। तकनीकी रूप से ई दुनो अलग होला। ज्वालामुखी ओह रास्ता के कहल जाला जौना से गर्म भूपदार्थ बाहर आवे जबकि, ज्वालामुखी परबत या ज्वालामुखी शंकु ओह पदार्थ के जमा हो गइला से बनल आकृति के कहल जाला।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |