विकिपीडिया:इतिहास में आजु/4 जून
ई इतिहास में 4 जून के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|
सही उमीदवार
टिप्पणी
४ जून: स्वतंत्रता दिवस: टोंगा (१९७०)
- १०३९ – हेनरी III आज के दिन पबित्र रोमन साम्राज्य के सम्राट बनलें।
- १९४२ – मिडवे के लड़ाई, जवन दुसरा बिस्व जुद्ध के एगो महत्वपूर्ण प्रशांत महासागरीय लड़ाई रहे, जापानी सेना के मिडवे ऍटॉल पर हमला के साथ शुरू भइल।
- १९८९ – बीजिंग में तियानमेन चौक बिरोधप्रदर्शन के पीपल्स लिबरेशन आर्मी बहुत हिंसात्मक रूप से दमन कइलस जवना में कम से २४१ लोग के जान गइल आ ७,००० के करीब लोग घाही भइल, जवना खातिर चीन के सरकार के बहुत आलोचना भइल।
- २०११ – ली ना (फोटो में देखावल) फ्रेंच ऑपन टेनिस में फाइनल जीत के टेनिस के ग्रैंड स्लैम जीते वाली पहिली चीनी आ पूर्ब एशियाई खेलाड़ी बनली।
- अउरी तारीख देखीं: