Jump to content

बौद्ध धर्म

विकिपीडिया से
(बुद्ध धर्म से अनुप्रेषित)

बौद्ध धर्म एगो प्रमुख धर्म बाटे जवन गौतम बुद्ध के शिक्षा पर आधारित दर्शन आ जीवन शैली के अनुपालन करे ला। ई उत्तर भारत आ नेपाल के इलाका में पैदा भइल धर्म हवे जहाँ इतिहास के अनुसार गौतम बुद्ध छठवीं से चउथी सदी ईसा पूर्व के बीच में कौनों समय मगध राज में रहलें।

वर्तमान समय में ई धर्म भारतीय उपमहादीप, पूर्ब एशिया आ दक्खिन पूर्ब एशिया में प्रमुख रूप से बिस्तार लिहले बाटे। एकरे माने वाला लोग के संख्या के हिसाब से ई दुनिया के चउथा सभसे बड़ा धर्म बाटे।

गौतम बुद्ध

[संपादन करीं]

वर्तमान भारत आ नेपाल के सीमावर्ती इलाका में शाक्य कुल में पैदा राजकुमार सिद्धार्थ, जिनके बाद में शाक्य मुनि आ गौतम बुद्ध कहल गइल बौद्ध धर्म के अस्थापना करे वाला रहलें। बुद्ध शब्द के अर्थ होला जेकरा के बोधि अर्थात सत्य के ज्ञान मिल चुकल होखे, जे जाग चुकल होखे। हालाँकि, बुद्ध के समय के बारे में कई ठो बिबाद बाड़ें, ज्यादातर लोग इनके जीवन 563 ईपू से 483 ईपू की बीच में मानेला।

बौद्ध धर्म चार गो आर्य सत्यअष्टांगिक मार्ग के अनुसरण के शिक्षा देला।