Jump to content

बिहारी खाना

विकिपीडिया से
लिट्टी-चोखा, एक ठो प्रसिद्द बिहारी खाना

बिहारी खाना मुख्यतः, बिहार, झारखंड, पूर्वी उत्तर प्रदेश, बांग्लादेश, गुयाना आ ट्रिनिडाड और टोबैगो में खाईल जाला काहें की एईजा बिहारी लोगन क मौजूदगी बा। बिहारी खाना मुख्यतः शाकाहारी होला काहें की बिहारी समाज बुद्ध आ हिन्दू धर्म क अहिंसा जइसन संस्कार मूल्य से प्रभावित बा ओहिसे इ ज्यादातर लोग अंडा, मुर्गा, माँस मछली नाहीं खाला लो। हालाँकि, एईजा माँस, मुर्गा, अंडा और मछली खईले क परम्परा देखे के मिल जाला, खासकर मछली काहें की एईजा से सोन, गंगा और गंडक जइसन नदी बहेली स।

दूध से बनल व्यंजन जैसे की दही, छाश, घी, लस्सी आ मक्खन एईजा पूरा साल खाईल जाला। बिहारी खाना उत्तर भारतीय खाना से मिलत जुलत होला लेकिन साथे साथ इ अन्य पूर्वी भारत की खाना से प्रभावित लउकेला (जैसे की एपर बंगाली खाना क प्रभाव देखे के मिलेला)। एईजा क खाना तरबूज, बेल क शर्बत जइसन पनीला खान पान की साथ मौसम की अनुसार बदलतो रहेला। कुछ खाना जैसे की सत्तू क पराठा, चोखा, मछली करी और बिहारी कबाब, पोस्ता दाना क हलुआ एईजा क मशहूर खाना ह।

बिहारी थाली

[संपादन करीं]

मौसम की हिसाब से बिहारी खाना क थरियो हर 3-4 महिना में बदलत रहेला। लेकिन चावल, रोटी, अचार, चटनी, दाल आ दूध क व्यंजन थोड़ा बदलाव की साथ बनल रहेला।

लोग वनस्पति तेल की साथ सरसों क तेल इस्तेमाल करेला, आ छौंक लगावे खातिर जीरा चाहें पंचफोरन क उपयोग करेला, पंचफोरन में सौंफ, सरसों, मेथी, अजवाइन आ मंगरैल होला। ए खाना क सबसे ख़ास बात एकर धुआँ प भुनल खाना ह। एकर संदर्भ धुँआ से भुनल लाल मारीचा में देख सकेनी जा, जवने क इस्तेमाल खाना में तेज खुशबु भरे खातिर होला। एकर इस्तेमाल चोखा बनवले में होला। चोखा बैंगन/आलू/टमाटर, साथ में चाहें अकेले भुज के मसल के बनेला।

परम्परागत खाना

[संपादन करीं]
  • कढ़ी बरी[1] – एमें बेसन क छानल पकौड़ी बेसन और दही में डारके कढ़ी बनेला, आमतौर प इ भात की साथ खाइल जाला।
  • खिचड़ी[2] – एमें चावल, दाल और कई तरह क सब्जी डाल के बनावल जाला, एमें घी क तड़का लगावल जाला।
  • घुगनी – इ काला चना क बनेला, पानी में भिगो के एके कड़ाही में सरसों की तेल में भुज लिहल जाला। एमें सील पर पिसल हर तरह क गरम मसाला डराला।
  • पिठ्ठा – इ मोमो नियर होला, इ स्वाद में मीठ चाहें नमकीन हो सकेला।
  • सत्तू – इ भुजल चना, केराई पिस के बनेला। एके दूध चाहें पानी की साथ सान के खाईल जाला।
  • लिट्टी – एमें सत्तू, बारीक कटल प्याज, हरियर मरीचा, धनिया, निम्बू आटा में भर के बारबेक्यू प सेंक के बनेला। इ घी, दही, चोखा और बैंगन भर्ता की साथ खूब बढ़िया लागेला।

शाकाहारी खाना

[संपादन करीं]
  • साग[3]
  • कोफ्ता[4]
  • भरवा करेला[5]
  • शाकाहारी कोरमा
  • पालक पनीर
  • शाही पनीर

माँसाहारी खाना

[संपादन करीं]

बिहारी माँसाहारी स्वाद क जिक्र मौलाना अबुल कलाम आजाद की संस्मरण में मिलेला, उनकी अनुसार इ खूब स्वाद वाला रहे। बिहारी लोग बिहारी कबाब खातिर खूब मशहूर ह, जवन की एगो माँसाहारी खाना ह। इ व्यंजन मुख्यतः मटन क बनेला और एके रोटी, परौठा चाहें भात की साथ खाइल जाला। चम्पारण क्षेत्र एकर मटन क ग्रिल पर बनल ताश नांव की व्यंजन खातिर खासा मशहूर बा।

  1. "बावर्ची, भारतीय खाद्य व्यंजनों, भारतीय पाक कला व्यंजनों, शाकाहारी व्यंजनों, गैर शाकाहारी व्यंजनों". बावर्ची.कॉम. Archived from the original on 2007-08-20. Retrieved 2012-10-18.
  2. "बावर्ची, भारतीय खाद्य व्यंजनों, भारतीय पाक कला व्यंजनों, शाकाहारी व्यंजनों, गैर शाकाहारी व्यंजनों". बावर्ची.कॉम. Archived from the original on 2008-09-20. Retrieved 2012-10-18.
  3. "बावर्ची, भारतीय खाद्य व्यंजनों, भारतीय पाक कला व्यंजनों, शाकाहारी व्यंजनों, गैर शाकाहारी व्यंजनों". बावर्ची.कॉम. Archived from the original on 2007-10-13. Retrieved 2012-10-18.
  4. "बावर्ची, भारतीय खाद्य व्यंजनों, भारतीय पाक कला व्यंजनों, शाकाहारी व्यंजनों, गैर शाकाहारी व्यंजनों". बावर्ची.कॉम. Archived from the original on 2008-06-09. Retrieved 2012-10-18.
  5. "बावर्ची, भारतीय खाद्य व्यंजनों, भारतीय पाक कला व्यंजनों, शाकाहारी व्यंजनों, गैर शाकाहारी व्यंजनों". बावर्ची.कॉम. Archived from the original on 2008-09-18. Retrieved 2012-10-18.