भारतीय खाना

विकिपीडिया से

भारतीय खाना, परंपरागत आ नाया जमाना के, एह बड़हन आकार के देस में अलग-अलग इलाका आ क्षेत्र अनुसार बहुत बिबिधता वाला बा। इहाँ के हावा-पानी, माटी, बनस्पति नियर चीज में ब्यापक बिबिधता आ कई किसिम के सांस्कृतिक परभाव इहाँ के खाना पर लउके लें। धर्म आ सामाजिक मान्यता सभ के भी एहिजा के भोजन पर परभाव देखे के मिले ला। उत्तर भारत के खानपान पर जहाँ मुगल राज में ईरानी आ तुर्की के संस्कृति के परभाव पड़ल ओहीजे नाया समय में जेङने पूरा दुनिया में चाइनीज खाना के बिस्तार भइल बा इहाँ भी ई खाना सभ पापुलर हो रहल बाड़ें। कुल मिला के, भारतीय खानपान में लगातार बदलाव भइल बा आ अभिन भी हो रहल बा।

जहाँ एक ओर एहिजा के भूगोल के परभाव खाना पर लउके ला, बिबिध किसिम के बनस्पति आ मसाला के क्षेत्र एकरा में सभसे आगे बाड़ें, ओहीजे इतिहास में भइल हमला, ब्यापारिक संबंध आ बिदेसी मूल के शासक लोग के शासन के परभाव भी देखे में आवेला। नाया समय में, बैस्वीकरण आ पच्छिमी संस्कृति के परभाव, चीनी खाना आ अउरी बिबिध किसिम के परभाव इहाँ के खानपान पर बा।

आमतौर पर उत्तर भारतीय, पच्छिमी भारतीय, दक्खिन भारतीय आ पूरबी आ पूर्वोत्तर के खाना अलग-अलग किसिम के होला। एह जनरल बँटवारा के बादो, लगभग हर प्रदेश के खाना के कुछ न कुछ आपन ख़ास बिसेस्ता भी बा।

भारतीय खाना भारत से बहरें कई देसन में पापुलर बा। जहाँ-जहाँ इहाँ के लोग परवास कइल, चाहे अंगरेज लोग के समय में भा बाद के समकालीन जुग में, ओहिजा इहाँ के खाना भी चहुँपल। ब्रिटेन, अमेरिका आ सिंगापुर नियर देस सभ में भारतीय खाना खियावे वाला रेस्तरां मिल जइहें।

स्थानीय[संपादन करीं]

  • उत्तर भारत
  • दक्षिण भारत
  • पूर्व भारत
  • पश्चिम भारत
  • मध्य भारत

व्यंजन[संपादन करीं]