उत्तर अमेरिका के भूगोल

विकिपीडिया से
उत्तर अमेरिका, ग्लोब पर व्यू के रूप में नक्शा
उत्तर अमेरिका के ग्लोब व्यू।

उत्तर अमेरिका के भूगोल (अंग्रेजी: Geography of North America) के तहत दुनियाँ के तिसरा सभसे बड़ महादीप (अफिरका आ एशिया के बाद)[1], उत्तर अमेरिका के थलरूप, हावापानी, बनस्पति से ले के खेतीकिसानी आ संसाधन अउरी उद्योग नियर मानवीय चीज सभ के भूगोलीय बिबरन प्रस्तुत कइल जाला। उत्तर अमेरिका, दुन्नों अमेरिका सभ के सड़मेंड़ सुपर महादीप सभ के उत्तरी हिस्सा हवे। ई पनामा के थलजोड़ (इस्थमस ऑफ़ पनामा) द्वारा दक्खिन अमेरिका महादीप से जुड़ल बा आ पनामा नहर इनहन के बिलग करे ले। राजनीतिक सीमा के रूप में, पनामा-कोलंबिया बाडर एह दुनों महादीप सभ के अलगा करे ला। एकरा के थलरूप के बिसेसता के आधार पर कई हिस्सा में बाँटल जा सके ला आ ई मानवीय हिसाब से दुनियाँ से सभसे शहरी महादीप भी हवे।

उत्तर अमेरिका के बिस्तार 24,709,000 वर्ग किलोमीटर (9,540,000 बर्गमील) क्षेत्र पर बा जे पूरा पृथ्वी के 16.5 % जमीनी हिस्सा आ लगभग 4.8 % कुल क्षेत्रफल के हिस्सा के रूप में बाटे। 2013 में, एह महादीप के आबादी के अनुमान 579 मिलियन लगावल गइल रहल जेह में कुल 23 गो आजाद देस सामिल रहलें, ई पूरा दुनियाँ के जनसंख्या के लगभग 7.5 % हिस्सा रहल, अगर आसपास के दीप सभ (ज्यादतर कैरीबियन दीप) के सामिल क लिहल जाय।

भौतिक बिभाजन[संपादन करीं]

उत्तर अमेरिका के भौतिक भूगोल के हिसाब से नीचे दिहल गइल भाग में बाँटल जाला[2]:

पच्छिमी ऊँच भूमि[संपादन करीं]

बर्फीला चोटी, उजर रंग के, रॉकी परबत के हिस्सा
राकी परबत
रॉकी पर्वत के लोकेशन देखावत नक्सा
राकी परबत के लोकेशन

में नया जमाना (अल्पाइन क्रम) के परबत श्रेणी मौजूद बाड़ी। इनहन में सभसे प्रमुख आ सुपरिचित राकी परबत बा। इनहन के पच्छिमी कार्डिलेरा चाहे अमेरिकन कार्डिलेरा के नाँव से भी जानल जाला।[नोट 1] एही पहाड़ सभ के बीचा में कई गो पठार भी बाड़ें: कोलंबिया के पठार, कोलोरैडो पठार, आ सभसे बड़ पठार ग्रेट बेसिन एही इलाका में हवें जे अंतरपरबती पठार के उदाहरण हवें।

सभसे उत्तर से शुरू कइल जाय तब: उत्तर अमेरिका के उत्तरी-पच्छिमी कोना के रूप में मौजूद अलास्का के प्रायदीप से ई परबत शुरू हो जालें। एह में उत्तर में ब्रुक्स श्रेणी बा आ दक्खिन ओर अलास्का श्रेणी बाटे जिनहन दुनों के बीचा से यूकान नदी आपन घाटी बना के बहे ले। अउरी दक्खिन आवल जाय तब कनाडा के इलाका में उत्तर-पछिम से दखिन-पुरुब के बिस्तार लिहले मैकेंजी श्रेणी बा। मैकेंजी स के दक्खिन से एह महादीप के सभसे लमहर परबत श्रेणी राकी परबत के बिस्तार शुरू हो जाला आ ई उत्तर-पच्छिम से दक्खिन-पुरुब के दिसा में अमेरिका देस के दक्खिनी हिस्सा तक ले चहुँप जाला। एह परबत के समानांतर पच्छिम में कई गो पठार बाने आ ओह पठार सभ के भी पच्छिम में अउरी कई गो परबत श्रेणी बाड़ी स। सभसे उत्तर में इनहन में कैस्केड श्रेणी बा। कैस्केड आ राकी के बीचा में ग्रेट बेसिन पठार बा। एह पठार के उत्तर में मौजूद श्रेणी ब्लू रेंज कहाले। ग्रेट बेसिन के दक्खिन में कोलंबिया के पठारएरिजोना (अराइजोना) के रेगिस्तान बाड़ें जिनहना के पच्छिम में कोस्ट रेंज आ पुरुब में राकी परबत बा।

अउरी दक्खिन बढ़ल जाय तब कोस्ट रेंज के दक्खिनी हिस्सा आ राकी के बीचा में मोहावी (मोज़ेव) के रेगिस्तान आ फिर एकरे भी दक्खिन में सोनोंरान रेगिस्तान बा। एकरे दक्खिन में मैक्सको के इलाका शुरू हो जाला जे पूरबी सिएरा माद्रेपच्छिमी सिएरा माद्रे के पहाड़ आ इनहन के बीचा में मौजूद मैक्सिको के पठार के रूप में एही कार्डिलेरा के बिस्तार हवे। आगे दक्खिन में ई पहाड़ी हिस्सा पातर हो जाला आ ऊँचाई कम हो जाले बाकी देखल जाय तब एक तरह से पूरा मध्य अमेरिका के हिस्सा जे आगे उत्तर आ दक्खिन अमेरिका के बीचा में जोड़ नियर बा एही पहाड़ी इलाका के बिस्तार हवे।

उत्तर अमेरिका के सभसे ऊँच परबत चोटी माउंट मैकिनले हवे जे अलास्का श्रेणी में बा। एकरे अलावा उत्तर से दक्खिन के क्रम में माउंट लोगान, माउंट वाडिंगटन; कास्केड रेंज में माउंट रेनियर, शास्ताहुड चोटी; कोस्ट रेंज में माउंट व्हिटनी वगैरह गिनावल जा सके लें।

ग्रेट प्लेन्स[संपादन करीं]

बिसाल मैदान के लोकेशन देखावत नक्सा
बिसाल मैदान (ग्रेट प्लेन्स)

बिसाल मैदान। ई राकी परबत के पुरुब में, एह महादीप के बीचोबीच बा। उत्तर में मैकेंजी नदी के डेल्टा से ले के दक्खिन में टैक्सास ले एकर बिस्तार बा। एही में मिसिसिपी आ मिसौरी नदी सभ के थाला बा जे उपजाऊँ भूमि हवे इहाँ खेती के बिकास माटी के उपजाऊँ होखे के कारण भइल बा।

कनाडाई शील्ड[संपादन करीं]

पुराना थलभाग हवे। प्राचीन काल के बनल चट्टान सभ के ई हिस्सा बर्फानी जुग (आइस एज) के ग्लेशियर सभ से बनल थलरूप सभ से पटाइल परल बा। बहुत सारा झील एह इलाका के बिसेसता ह। इहाँ के चट्टान प्री कैंब्रियन समय के हवें आ एही कारण ई इलाका कई किसिम के खनिज पदार्थ से भरपूर हवे। एकरा के लौरेशियन शील्ड भी कहल जाला। पाँच गो बिसाल झील सभ के ग्रेट लेक्स के नाँव से जानल जाला। इनहन में से सुपीरियर झील दुनिया के सभसे बड़ मीठा पानी के झील भी हवे। अउरी बाकी झील सब में मिशीगन, ह्यूरन, ईरी आ ओंटारियो झील बाड़ी सऽ।

पुरबी प्रदेश[संपादन करीं]

अटलांटिक किनारा के सहारे बिस्तार लिहले बा। अप्लेशियन पहाड़ आ पठार एकर प्रमुख चीज हवें। अप्लेशियन के सहारे पीडमांट पठार बा।

कैरीबियन क्षेत्र[संपादन करीं]

सात हजार से बेसी दीप सभ के हिस्सा हवे।

राजनीतिक बिभाजन[संपादन करीं]

झंडा Country or territory[3][4][5] रकबा
(km2)[6]
जनसंख्या
(2016 अनु.)[7]
जनसंख्या घनत्व
(प्रति किमी2)
राजधानी
एंगुलिया एंगुइला (यूनाइटेड किंगडम) 91 14,764 164.8 दि वैली
एंटीगुआ आ बारबूडा एंटीगुआ एंड बारबूडा 442 100,963 199.1 St. John's
अरूबा अरुबा (नीदरलैंड)[नोट 2] 180 104,822 594.4 ओरांजेस्टेड
बहामास दि बहामास[नोट 3] 13,943 391,232 24.5 नसाऊ
बारबाडोस बारबाडोस 430 284,996 595.3 ब्रिजटाउन
बेलीज बेलीज 22,966 366,954 13.4 बेल्मोपान
बरमूडा बरमूडा (यूनाइटेड किंगडम) 54 61,666 1203.7 हैमिल्टन
बोनायर बोनायर (नीदरलैंड)[नोट 2] 294 12,093[8] 41.1 Kralendijk
ब्रिटिश वर्जिन दीप ब्रिटिश वर्जिन आइलैंड्स (यूनाइटेड किंगडम) 151 30,661 152.3 रोड टाउन
कनाडा कनाडा 9,984,670 36,289,822 3.4 ओटावा
कीमन दीप कीमन आइलैंड (यूनाइटेड किंगडम) 264 60,765 212.1 जार्जटाउन
फ़्रांस क्लिपार्टन दीप (फ्रांस) 6 0 0.0
कोस्टा रिका कोस्टा रिका 51,100 4,857,274 89.6 सैन जोसे
क्यूबा क्यूबा 109,886 11,475,982 102.0 हवाना
क्यूरासो कुरासाओ (नीदरलैंड)[नोट 2] 444 159,371 317.1 विलेमस्टैड
डोमिनिका डोमिनिका 751 73,543 89.2 रोसिऊ
डोमिनिकन रिपब्लिक डोमिनिकन रिपब्लिक 48,671 10,648,791 207.3 सैंटो डोमिंगो
एल सल्वाडोर एल सल्वाडोर 21,041 6,344,722 293.0 सैन सल्वाडोर
वेनेजुएला के फेडरल डिपेंडेंसी Federal Dependencies of Venezuela (Venezuela) 342 Gran Roque
ग्रीनलैंड ग्रीनलैंड (डेनमार्क) 2,166,086 56,412 0.026 नूक
ग्रेनादा ग्रेनाडा 344 107,317 302.3 सेंट जॉर्जेज
गुआडेलोप गुआडेलोप (फ्रांस) 1,628 449,975 246.7 बासे-टेरे
गुआटेमाला गुआटेमाला 108,889 16,582,469 128.8 गुआटेमाला शहर
हैती हैती 27,750 10,847,334 361.5 पोर्ट-ऑ-प्रिंस
होंडुरास होंडुरास 112,492 9,112,867 66.4 तेगुसियागाल्पा
जमैका जमैका 10,991 2,881,355 247.4 किंग्सटन
मार्टिनीक मार्टिनीक (फ्रांस) 1,128 385,103 352.6 फोर्ट-डी-फ्रांस
मैक्सिको मैक्सिको 1,964,375 127,540,423 57.1 मैक्सिको सिटी
मोंटसेरात Montserrat (यूनाइटेड किंगडम) 102 5,152 58.8 प्लेमाउथ (Brades)[नोट 4]
यूनाइटेड स्टेट्स नवासा दीप (यूनाइटेड स्टेट्स) 5[9] 0[10] 0.0
निकारागुआ निकारागुआ 130,373 6,149,928 44.1 मानागुआ
Nueva Esparta नुएव एस्पार्ता (वेनेजुएला) 1,151 ला आसूंसियों
पनामा पनामा[नोट 2][नोट 5] 75,417 4,034,119 45.8 पनामा शहर
प्यूर्तो रिको प्यूर्टो रिको (यूनाइटेड स्टेट्स) 8,870 3,667,903 448.9 सैन जुआन
साबा साबा (नीदरलैंड) 13 1,537[8] 118.2 दि बॉटम
Archipelago of San Andrés, Providencia and Santa Catalina सैन एंड्रीज एंड प्रोविडेंसिया (कोलंबिया) 53 77,701[8] 1468.59 सैन एंड्रीज
सैंट बार्थेलेमी सेंट बार्थेलेमी (फ्रांस) 21[9] 7,448[10] 354.7 गुस्ताविया
सेंट किट्स एंड नेविस सेंट किट्स एंड नेविस 261 54,821 199.2 बासेतेरे
सेंट लूसिया सेंट लूसिया 539 178,015 319.1 कास्ट्रीज
Collectivity of Saint Martin सेंट मार्टिन (फ्रांस) 54[9] 29,820[10] 552.2 मैरीगाट
सेंट पियरे एंड मीकेलन सेंट पियरे एंड मिकेलन (फ्रांस) 242 6,305 24.8 सेंट पियरे
सेंट विंसेट एंड दि ग्रेनाडाइन्स सेंट विंसेंट एंड ग्रेनाडाइंस 389 109,643 280.2 किंग्सटाउन
Sint Eustatius सिंट यूस्टाटियस (नीदरलैंड) 21 2,739[8] 130.4 ओरांजेस्टेड
सिंट मार्टेन सिंट मार्टेन (नीदरलैंड) 34 39,537 1176.7 फिलिप्सबर्ग
त्रिनिदाद आ टोबैगो ट्रिनिडाड एंड टोबैगो[नोट 2] 5,130 1,364,962 261.0 पोर्ट ऑफ़ स्पेन
तुर्क्स एंड काइकोस दीप तुर्क्स एंड काइकोस दीप (यूनाइटेड किंगडम)[नोट 6] 948 34,900 34.8 कोकबर्न टाउन
यूनाइटेड स्टेट्स यूनाइटेड स्टेट्स[नोट 7] 9,629,091 322,179,605 32.7 वाशिंगटन, डीसी
युनाइटेड स्टेट्स वर्जिन दीप यूनाइटेड स्टेट्स वर्जिन दीप (यूनाइटेड स्टेट्स) 347 104,913 317.0 चारलोट अमालिए
Total 24,500,995 541,720,440 22.9

जलवायु[संपादन करीं]

कोपेन के वर्गीकरण में उत्तर अमेरिका के जलवायु प्रदेश
उत्तर अमेरिका के जलवायु प्रदेश, कोपेन के अनुसार।

उत्तर अमेरिका एगो बिसाल महादीप हवे आ इहाँ दुनियाँ के लगभग हर किसिम के जलवायु पावल जाले। एहिजा उत्तर में टुंड्रा टाइप के जलवायु पावल जाला जबकि सुदूर दक्खिन में भूमध्य रेखीय जलवायु भी पावल जाले। पच्छिमी हिस्सा में कई गो रेगिस्तान बहुते सूखा इलाका हवें जबकि कई हिस्सा अइसन बाड़ें जहाँ सालोभर बरखा होखे ले। मानसूनी जलवायु के भी क्षेत्र एह महादीप में पावल जाला।

हाइड्रोलॉजी आ सतही बहाव[संपादन करीं]

उत्तर अमेरिका महादीप में औसतन 76 सेमी/साल बरखा होखे ले, एकरे द्वारा कुल लगभग18 पेटालीटर पानी उपराजे ला।[11]

नदी सिस्टम[संपादन करीं]

उत्तर अमेरिका के प्रमुख नदी सिस्टम सभ नीचे लिखल गइल बा:

सेंट लारेंस नदी। ई दुनिया के सभसे ब्यस्त जलमार्ग वाली नदी हवे।
ऊपरी रियोग्रांड नदी।
कोलंबिया नदी

कुछ तथ्य[संपादन करीं]

  • सभसे ऊँच चोटी: मांउट मैकिनले (6194 मी), अलास्का रेंज में; जबकि राकी परबत के सभसे ऊँच चोटी माउंट एल्बर्ट (4378 मी) हवे।
  • सभसे लमहर नदी : मिसिसिपी-मिसौरी

नोट[संपादन करीं]

  1. कार्डिलेरा मने परबत सभ के समूह होला। ई परबत सभ जे कार्डिलेरा के हिस्सा होखें कई श्रेणी के रूप में एक साथे हो सके लें। अमेरिकन कार्डिलेरा में उत्तरी आ दक्खिनी अमेरिका के पच्छिमी किनारे पर मौजूद सगरी परबत श्रेणी सभ के शामिल कइल जाला।
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 Depending on definitions, Aruba, Bonaire, Curaçao, Panama, and Trinidad and Tobago have territory in either or both of North and South America.
  3. Since the Lucayan Archipelago is located in the Atlantic Ocean rather than Caribbean Sea, the The Bahamas are part of the West Indies but are not technically part of the Caribbean, although the United Nations groups them with the Caribbean.
  4. Because of ongoing activity of the Soufriere Hills volcano beginning in July 1995, much of Plymouth was destroyed and government offices were relocated to Brades. Plymouth remains the de jure capital.
  5. Panama is generally considered a North American country, though some authorities divide it at the Panama Canal. Figures listed here are for the entire country.
  6. Since the Lucayan Archipelago is located in the Atlantic Ocean rather than Caribbean Sea, the Turks and Caicos Islands are part of the West Indies but are not technically part of the Caribbean, although the United Nations groups them with the Caribbean.
  7. Includes the states of Hawaii and Alaska which are both separated from the US mainland, with Hawaii is distant from the North American landmass in the Pacific Ocean and therefore more commonly associated with the other territories of Oceania while Alaska is located between Asia (Russia) and Canada.

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "North America Land Forms and Statistics". World Atlas.com. Retrieved 16 जून 2013.
  2. Society, National Geographic. "North America: Physical Geography". nationalgeographic.org. Retrieved 31 दिसंबर 2018.
  3. "SPP Background". CommerceConnect.gov. Security and Prosperity Partnership of North America. Archived from the original on 18 June 2008. Retrieved 14 नवंबर 2010.
  4. "Ecoregions of North America". यूनाइटेड स्टेट्स एनवायरनमेंटल प्रोटेक्शन एजेंसी. Retrieved 30 मई 2011.
  5. "What's the difference between North, Latin, Central, Middle, South, Spanish and Anglo America?". About.com.
  6. Unless otherwise noted, land area figures are taken from "Demographic Yearbook—Table 3: Population by sex, rate of population increase, surface area and density" (PDF). United Nations Statistics Division. 2008. Retrieved 14 अक्टूबर 2010. {{cite journal}}: Cite journal requires |journal= (help)
  7. "World Population Prospects: The 2017 Revision". ESA.UN.org (custom data acquired via website). United Nations Department of Economic and Social Affairs, Population Division. Retrieved 10 September 2017.
  8. 8.0 8.1 8.2 8.3 Population estimates are taken from the Central Bureau of Statistics Netherlands Antilles. "Statistical information: Population". Government of the Netherlands Antilles. Archived from the original on 1 May 2010. Retrieved 14 अक्टूबर 2010.
  9. 9.0 9.1 9.2 Land area figures taken from "The World Factbook: 2010 edition". Government of the United States, Central Intelligence Agency. Retrieved 14 अक्टूबर 2010.
  10. 10.0 10.1 10.2 These population estimates are for 2010, and are taken from "The World Factbook: 2010 edition". Government of the United States, Central Intelligence Agency. Retrieved 14 अक्टूबर 2010.
  11. North America water resources.