निकारागुआ
Jump to navigation
Jump to search
Republic of Nicaragua República de Nicaragua (स्पैनिश) | |
---|---|
![]() | |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर |
![]() 12°6′N 86°14′W / 12.100°N 86.233°W |
ऑफिशियल भाषा | निकारागुआई स्पेनी |
रकबा | |
• कुल | 130,375 किमी2 (50,338 वर्ग मील) (96th) |
जनसंख्या | |
• 2012 जनगणना | 6,167,237[1] |
• Density | 51/किमी2 (132.1/वर्ग मील) (155th) |
ISO 3166 कोड | NI |
निकारागुआ मध्य अमेरिका में एगो देस बा। मध्य आमेरिका के थलजोड़ वाला हिस्सा में ई सभसे बड़ देस हवे आ एकरे उत्तर में होंडुरास, पूरुब ओर कैरेबियन सागर, दक्खिन में कोस्टा रिका आ पच्छिम में प्रशांत महासागर बाड़ें। एह देस के राजधानी आ सभसे बड़ शहर मानागुआ हवे। मध्य अमेरिकी थलजोड़ वाला इलाका में मानागुआ तिसरा सभसे बड़ शहर हवे जबकि तेगुसिगाल्पा आ ग्वाटेमाला सिटी एह से बड़ शहर हवें। निकारागुआ के जनसंख्या लगभग कई जातीयता वाली बा जेह में मूलनिवासी लोग, यूरोपीय लोग, अफिर्की लोग आ एशियाई लोग सामिल बा। देस के सभसे ढेर बोलल जाए वाली भाषा स्पेनिश भाषा हऽ। एकरे अलावा मस्कीटो कोस्ट (मच्छर वाला समुंदरी किनारा) के मूलनिवासी लोग आपन मूल भाषा सभ भी बोले ला आ इहाँ कुछ जनसंख्या अंगरेजी बोले वाला लोग के भी बा।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Población Total, estimada al 30 de Junio del año 2012" (PDF) (Spanish में). National Nicaraguan Institute of Development Information. पप. 1–5. ओरिजनल (PDF) से 2 May 2013 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 24 मार्च 2013.
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |