जमैका

विकिपीडिया से
जमैका

जमैका के लोकेशन
जमैका के लोकेशन
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
किंग्स्टन
17°59′N 76°48′W / 17.983°N 76.800°W / 17.983; -76.800
ऑफिशियल भाषाअंग्रेजी
रकबा
• कुल
10,991 किमी2 (4,244 वर्ग मील)
• जल (%)
1.5
जनसंख्या
• 2017 अनुमान
2,890,299[1]
• Density
266[2]/किमी2 (688.9/वर्ग मील)

जमैका (अंग्रेजी: Jamaica) करिबियन सागर क्षेत्र में एगो दीप पर बसल देस बा जेकर कुल क्षेत्रफल 10,990 किलोमीटर (6,830 मील) बाटे। ई दीप वेस्ट इंडीज के हिस्सा हवे आ ग्रेटर एंटिलीज के तीसरा सभसे बड़ दीप हवे आ कैरिबियन इलाका में चउथा सभसे बड़ देस हऽ।

इतिहासी रूप से ई इलाका अरावाक आ टाइनो जनजाति के लोग के बसाव वाला इलाका रहे, कोलंबस के द्वारा खोजल जाए के बाद एह पर स्पेन के शासन भइल आ बाद में ई इंग्लैंड के अधिकार में आ गइल। इंग्लैण्ड के उपनिवेश के रूप में जमैका चीनी के प्रमुख उत्पादन करे वाला इलाका सभ में से एक बन गइल। एह देस के 6 अगस्त 1962 के उपनिवेशी राज से आजादी मिलल।

आजकाल्ह एह देस के कुल आबादी लगभग 29 लाख बा आ इहाँ के राजधानी किंग्स्टन शहर हवे जे इहाँ के सभसे बड़ शहर भी हऽ।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Data Query Total Population by sex (thousands)". UNITED NATIONS/DESA/POPULATION DIVISION. Retrieved 18 April 2018.
  2. "Data Query - Population density (persons per square km), as of 1 July". UNITED NATIONS/DESA/POPULATION DIVISION. Retrieved 18 April 2018.