डोमिनिका
निर्देशांक: 15°25′N 61°20′W / 15.417°N 61.333°W
Commonwealth of Dominica | |
|---|---|
डोमिनिका के लोकेशन (circled in red) the Caribbean (light yellow) में | |
| राजधानी आ सभसे बड़ शहर | रोसेऊ 15°18′N 61°23′W / 15.300°N 61.383°W |
| ऑफिशियल भाषा | अंग्रेजी |
| रकबा | |
• कुल | 750 किमी2 (290 वर्ग मील) (174th) |
• जल (%) | 1.6 |
| जनसंख्या | |
• 2016 अनुमान | 73,543[1] (195th) |
• 2011 जनगणना | 71,293[2] |
• Density | 105/किमी2 (271.9/वर्ग मील) (95th) |
| टाइम जोन | पूरबी कैरेबियाई (यूटीसी–4) |
डोमिनिका भा डॉमिनीका कैरेबियन सागर में एगो दीपीय देस बा। ई दीपीय देस विंडवार्ड दीप के हिस्सा हवे जे खुद लेसर एंटीलीज नाँव के दीपसमूह के हिस्सा हवे। ई इलाका कैरेबियन सागर के पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई दीप गुआडेलोप दीप के दक्खिन-दक्खिनपूरुब में आ मार्टिनीक के उत्तर पच्छिम में बा। एकर कुल एरिया 750 किमी2 (8.1×109 वर्ग फु) बा, इहाँ के सभसे ऊँच अस्थान मोर्ने डायाब्लोटिंस समुंद्र तल से 1,447 मी (4,747 फीट) के ऊँचाई पर बा। साल 2011 में भइल जनगणना में एकर कुल जनसंख्या 71,293 रहल।[2]
ई दीप मुख्य रूप से कालिनागो लोग द्वारा आबाद रहल, बाद में यूरोपीय लोग एकरा के उपनिवेश (कॉलोनी) बनावल, मुख्य रूप से 1690 से 1763 के बीच फ्रांसीसी लोग द्वारा ई उपनिवेशीकरण भइल। इहो बतावल जाला कि कोलंबस अपना समुंदरी जतरा के दौरान एह दीप से 3 नवंबर 1493 के गुजरल रहलें, एह दिन अतवार रहल। एही से अतवार के लैटिन भाषा के नाँव के आधार पर एह देस के बर्तमान नाव धराइल हवे।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |