ओटावा

विकिपीडिया से

ओटावा (Ottawa) कनाडा देस के राजधानी हवे। ई शहर ओटावा नदी के दक्खिनी तीरे पर बसल बाटे आ दक्खिनी ओंटेरियो के पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई क्यूबेक प्रांत के गैटिनो शहर से सटल बाटे आ ओटावा-गैटिनो जनगणना-मेट्रो एरिया के आ राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र के केंद्रीय हिस्सा हवे।

2016 में ओटावा शहर के आबादी 9,34,243 रहल आ पूर मेट्रो क्षेत्र के आबादी 14,76,008 रहल। एह तरीका से ई कनाडा के 4था सभसे बड़ शहर हवे आ पाँचवाँ सभसे बड़ मेट्रो एरिया हवे; कनाडा के सभसे बड़ शहर टोरंटो हवे।

ओटावा शहर के अस्थापना 1826 में बेटाउन के नाँव से भइल आ 1855 में ई ओटावा के नाँव से म्युनिसिपल कार्पोरेशन (नगर निगम) बनल। एकर सभसे नया सीमांकन 2001 में भइल जेह में एकर जमीनी रकबा काफी बढ़ गइल।

ई कनाडा के शहर सभ में सभसे बेसी शिक्षित लोगन वाला शहर हवे। एहिजे कई ठे कॉलेज आ इन्वर्सिटी, रिसर्च सेंटर आ सांस्कृतिक संस्थान बाड़ें जिनहन में ओटावा यूनिवर्सिटी, कार्लेटन यूनिवर्सिटी, नेशनल आर्ट सेंटर, नेशनल म्यूजियम शामिल बाड़ें।

संदर्भ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]