ओंटेरियो

विकिपीडिया से

ओंटेरियो (अंग्रेजी: Ontario) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र में से एगो प्रांत बा। बिचला कनाडा में स्थित ई प्रांत, कनाडा के सभसे बेसी आबादी वाला प्रांत हवे, जहाँ देस के लगभग 38.3 परसेंट लोग रहे ला। रकबा के हिसाब से ई दुसरा सभसे बड़हन प्रांत हवे (क्यूबेक के बाद)। राज्यक्षेत्र सभ के सामिल कइल जाय तब ई कनाडा के चउथा सभसे बड़हन क्षेत्र हवे (नार्थवेस्ट टेरिटरीनुनावुत एकरा ले बड़ बाड़ें)। कनाडा देस के राजधानी ओटावा एही प्रांत में बाटे आ कनाडा के सभसे बड़ शहर टोरंटो भी एही प्रांत में बा जे एकर प्रांतीय राजधानियो हवे।

ओंटेरियो के पच्छिम में मैनीटोबा प्रांत, उत्तर में हडसन खाड़ीजेम्स खाड़ी, आ पूरुब में आ उत्तर-पूरुब में क्यूबेक प्रांत बाड़ें; एकर दक्खिनी सीमा अमेरिका के पाँच गो राज्यन से सटल बाटे (पच्छिम से पूरुब के क्रम में) मिनेसोटा, मिशिगन, ओहायो, पेंसिलवेनियान्यू यॉर्क। ओंटेरियो के लगभग पूरा सीमा जे अमेरिका के साथे बा, जलमार्ग सभ के सहारे बाटे, चाहे ऊ नदी होखें चाहे झील। इनहन में लेक ऑफ़ द वुड्स, रेनी नदी, पिजन नदी, सुपीरियर झील, सेंट मारिस नदी, ह्यूरन झील, सेंट क्लेयर झील, डेट्रॉइट नदी, इरी झील, नियाग्रा नदी, ओंटेरियो झीलसेंट लॉरेंस नदी शामिल बाड़ें। खाली भर लगभग 1 किलोमीटर के जमीनी बाडर मिनेसोटा के साथे, पोर्ताज के रूप में बने ला।

भूगोलीय रूप से ओंटेरियो के दू हिस्सा में बाँटल जाला, उत्तरी ओंटेरियो आ दक्खिनी ओंटेरियो। अधिकतर खेती जोग जमीन आ आबादी दक्खिनी ओंटेरियो में बाटे। एकरे बिपरीत बड़हन उत्तरी ओंटेरियो में छिटपुट आबादी बा जहाँ कड़ेरे जाड़ परे ला आ बहुधा बन वाला इलाका बाड़ें।