ओटावा नदी

विकिपीडिया से

ओटावा नदी कनाडा में बाटे; ई कनाडा के क्यूबेकओंटैरियो प्रांत में बहे ले आ सेंट लॉरेंस नदी के प्रमुख सहायिका हवे। अपना ज्यादातर हिस्सा में ई नदी क्यूबेक आ ओंटेरियो के बीचा में सीमा बनावे ले। एकर नाँव अल्गोंक्विन शब्द "ब्यापार" के ऊपर रखल गइल हवे काहें से की ई एक समय में प्रमुख ब्यापार मार्ग रहे। ई नदी क्यूबेक प्रांत के सभसे लमहर नदी भी हवे। ओटावा के कुल लंबाई 1,271 किलोमीटर (790 मील) बाटे; एकरे थाला के कुल रकबा 146,300 वर्ग किलोमीटर (56,500 वर्ग मील) बा।[1] ई नदी मॉन्ट्रियल शहर के लगे सेंट लारेंस में मिले ले।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Facts about Canada: Rivers". Natural Resources Canada/Atlas of Canada. Archived from the original on 2013-01-22. Retrieved 2008-02-24.