पोर्तो रिको

विकिपीडिया से
(प्यूर्तो रिको से अनुप्रेषित)
Jump to navigation Jump to search

पोर्तो रिको उत्तरी कैरेबियन सागर में अमेरिका के के द्वारा नियंत्रित एगो राज्यक्षेत्र बा। भूगोलीय रूप से ई ग्रेटर एंटीलीज के हिस्सा हवे आ एह में मुख्य पोर्टो रिको नाँव के दीप आ कुछ अन्य दीप सामिल बाने। इहाँ के सभसे बड़हन आबादी वाला जगह एकर राजधानी सान जुआन बाटे।

ई अमेरिका के अनइनकार्पोरेटेड टेरिटरी में आवेला, मतलब की इहाँ अमेरिका के नियंत्रण बा बाकी ई अमेरिका के हिस्सा के रूप में सामिल (इनकार्पोरेटेड) नइखे। अइसन इलाका सभ पर अमेरिका के संबिधान पूरा तरीका से लागू ना होला।

पोर्टो रिको में स्पेनिश आ अंगरेजी मुख्य भाषा बाड़ी आ स्पेनिश ढेर परभावी भाषा हवे।