कर्जन ब्रिज

विकिपीडिया से
कर्जन ब्रिज
पुल के निचला (रेल वाला तल्ला) के इलाहाबाद साइड में निकास
लोकेशन25°30′22″N 81°52′01″E / 25.506°N 81.867°E / 25.506; 81.867निर्देशांक: 25°30′22″N 81°52′01″E / 25.506°N 81.867°E / 25.506; 81.867
जगहइलाहाबाद, भारत
ऑफिशियल नाँवमोतीलाल नेहरू सेतु
बिसेसता
मटेरियलस्टील
चौड़ाई250
इतिहास
पूरा भइल1904
खोलल गइल1 जनवरी 1905
बंद भइल1998 (रेल आवागमन)

कर्जन ब्रिज भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद शहर में गंगा नदी पर बनल पुल बा। शहर के उत्तरी हिस्सा में बनल ई रेल-कम-सड़क पुल इलाहबाद शहर के दूसरा सभसे पुरान पुल हवे जे इलाहाबाद-फैजाबाद रेलवे लाइन खाती बनावल गइल आ 1 जनवरी 1905 के एह पुल पर आवागमन के सुरुआत भइल।[1] इलाहाबाद शहर के सभसे पुरान पुल जमुना ब्रिज (1865) आ जिला में सभसे पुराना पुल टोंस पुल हवे[1] आ वर्तमान में ई तीनों पुल आधुनिक भारी यातायात खाती पुरान हो चुकल बाने।[2] एह पुल पर रेल यातायात 1998 में बंद क दिहल गइल रहे आ एह पर से गुजरे वाली अंतिम ट्रेन गंगा-गोमती एक्सप्रेस रहल।[3][4] हालाँकि, भारी बाहन आ चार पहिया सभ के आवाजाही मना बा, साइकिल-मोटरसाइकिल आ पैदल आवागमन एकरे सड़क मार्ग पर अभिन ले चालू बा आ ई शहर के स्काईवाक के रूप में भी जानल जाला।[5]

कर्जन ब्रिज के साइड व्यू। इलाहबाद के ओर से फाफा मऊ के ओर देखे पर, उत्तर मुँहे। दाहिने वाला कर्जन पुल हवे जबकि बाएँ नया सड़क पुल देखात बा।

हाल में ई पुल एकरा के बचावे खाती शहर के लोग द्वारा चलावल जा रहल अभियान खाती चर्चा में आइल बा।[6] इलाहाबाद हाइकोर्ट के निर्देश के अनुसार एकरा मरम्मत के योजना भी रहल।[7] जबकि रेलवे, जेकरे अधीन ई पुल बाटे, एह पुल के गिरावे के योजना बना रहल बा। समाचारन में आइल खबर के मोताबिक शहर के लोग एकर भारी बिरोध कइले बा। कई लोग के कहनाम बा कि ई पुल शहर आ देस के इतिहासी धरोहर हवे आ एकरा के संरक्षित करे के जरूरत बा।[8] साल 2017 के दिपावली के मोका पर शहर के लोग एह पुल के बचावे खाती इह पर दिया मोमबत्ती बार के एकर सजावट भी कइल।[9][10]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 श्रीवास्तव, शालिग्राम (2013). प्रयाग प्रदीप. इलाहाबाद: हिन्दुस्तानी एकेडमी, इलाहाबाद. p. 199-200. ISBN 9788185765785.
  2. Balkrishna C. Vaidya (2003). Geography of Transport Development in India. Concept Publishing Company. pp. 404–. ISBN 978-81-7022-957-5.
  3. "कर्जन पुल ने 112 साल पहले इलाहाबाद को अवध से जोड़ा - Railway Enquiry". Indiarailinfo.com. 2016-04-18. Retrieved 2017-11-01.
  4. "एेतिहासिक कर्जन पुल को बचाने के लिए महापौर ने उठाई आवाज, मोदी-योगी को लिखा पत्र". Up.punjabkesari.in. 2017-10-28. Retrieved 2017-11-01.
  5. "UP: Plan afoot to make skywalk over historic Curzon Bridge | lucknow". Hindustan Times. 2016-04-22. Retrieved 2017-11-14.
  6. Nyoooz Hindi (2017-10-28). "सोशल मीडिया पर चल रही कर्जन ब्रिज को बचाने की मुहिम | इलाहाबाद NYOOOZ HINDI". Hindi.nyoooz.com. Retrieved 2017-11-01.
  7. "Curzon Bridge may soon become usable | india". Hindustan Times. Retrieved 2017-11-01.
  8. "कर्जन पुल को संरक्षित करने की जरुरत". Jagran.com. 2017-02-28. Retrieved 2017-11-01.
  9. Last updated: 18 अक्तूबर, 2017 2:00 PM (2017-10-18). "Curzon bridge flashed with light, Allahabad Hindi News - Hindustan". Livehindustan.com. Retrieved 2017-11-01.
  10. Oct 18, 2017, 14:13 IST (2017-10-18). "दीपों-और-मोमबत्ती-की-रोशनी-से-जगमग-हो-उठा-कर्जन-ब्रिज |Diwali Festival Curzon Bridge Allahabad Light Hindi News मोमबत्ती रोशनी कर्जन ब्रिज Hindi Latest News". News.raftaar.in. Archived from the original on 2017-10-24. Retrieved 2017-11-01.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)