अनार
अनार (Punica granatum) एक ठो फलदार फेड़ होला। एकर झांग नियर फेड़ बनस्पति बिज्ञान के बर्गीकरण में Lythraceae परिवार में रखल जाला आ ई फेड़ मौसम अनुसार पतई गिरा देला। एकर औसत ऊँचाई 5 आ 8 मी (16 आ 26 फीट) होले।
फेड़ में, उत्तरी गोलार्ध में सितंबर से फरवरी के बीच में[1] आ दक्खिनी गोलार्ध में मार्च से मई के बीच के सीजन में फल लागे ला। फल के अन्दर छोट-छोट चमकीला दाना होलें जे गुलाबी से ले के गहिरा लाल रंग के हो सके लें। हर दाना के बीच में एक ठो उज्जर बीया होला आ एकरा चारों ओर रस भरल रहे ला। अनार के फल के सीधे भी खाइल जाला आ जूस भी निकार के पियल जाला। एकरे अलावा एकर दाना आ जूस दुन्नों तरह-तरह के भोजन में, भोजन के सजावे में, आ पियल जाए वाला चीज जइसे स्मूदी या काकटेल वगैरह में भी डालल जालें।
अनार के मूल स्थान वर्तमान समय के ईरान हवे जहाँ से प्राचीन काल में ई अन्य जगह पहुँचल आ ओही ज़माना से एकरा के भूमध्यसागरीय इलाका आ उत्तरी भारत में उपराजल जाला।[2] स्पेन के कब्जा वाला अमेरिका में ई 16वीं सदी में चहुँपल आ कैलीफोर्निया में 1769 में नया बसे वाला लोग द्वारा ले जाइल गइल।[2]
आज के समय में आनार के खेती पूरा मध्य पूरब आ काकेशस क्षेत्र में, उत्तरी अफिरका आ उष्णकटिबंधीय अफिरका में, भारतीय उपमहादीप में, मध्य एशिया में, दक्खिन पुरुब एशिया के सूखल रहे वाला कुछ इलाका में, आ भूमध्यसागरीय बेसिन के कुछ इलाका सभ में उपजावल जा रहल बाटे।[2] उत्तरी अमेरिका के एरिजोना आ कैलीफोर्निया के कुछ हिस्सा में भी एकर खेती कइल जा रहल बा।[3] हाल के समय में यूरोपीय आ पच्छिमी गोलार्ध में एकर व्यापारिक महत्व बढ़ल बाटे।[2][3]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Pomegranate". Department of Plant Sciences, University of California at Davis, College of Agricultural & Environmental Sciences, Davis, CA. 2014. Retrieved 29 January 2017.
- ↑ 2.0 2.1 2.2 2.3 Morton JF (1987). "Pomegranate, Punica granatum L." Fruits of Warm Climates. Purdue New Crops Profile. pp. 352–5. Retrieved 2012-06-14.
- ↑ 3.0 3.1 "Pomegranate. California Rare Fruit Growers". Crfg.org. Archived from the original on 2012-06-19. Retrieved 2012-06-14.
ई फल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |