मध्य पूरुब

विकिपीडिया से
मध्य पूरुब
Middle East
हरियर रंग में मध्य पूरुब
देस18 गो
भाषाअरबी, आरमाइक, आर्मेनियाई, अज़र्बेजानी, बलूची, यूनानी, हिब्रू, कुर्दिश, फ़ारसी, सोमाली, तुर्की
समय क्षेत्रUTC+2:00, UTC+3:00, UTC+3:30, UTC+4:00, UTC+4:30
बड़हन शहर सब

मध्य पूरुब एगो भूगोलीय क्षेत्र हवे जेवन एशिया, यूरोप आ अफिरका महादीप के हिस्सन में बिस्तार लिहले बा आ एह क्षेत्र में 18 गो देस आवे लें। एकर नाँव मध्य पूरुब, यूरोप के लोग द्वारा दिहल गइल हवे आ ई यूरोप के हिसाब से बा जवन अब रूढ़ हो चुकल बा।

मध्य पूरुब में मुख्य आबादी इस्लाम धर्म के माने वाला लोग के बाटे। ई पेट्रोलियम में क्षेत्र भी हवे आ एही से एकर भूराजनीति के हिसाब से पूरा दुनिया खातिर महत्व बढ़ी जाला।

मध्य पूरुब के मुख्य हिस्सा अरब के पठार आ एकरी आसपास के चीज बाटे।