Jump to content

सम्मत फूँकल

विकिपीडिया से
(सम्मत जरावल से अनुप्रेषित)
सम्मत फूँकल
राजस्थान के उदयपुर में होलिका दहन
अन्य नाँवहोलिका दहन
प्रकारहिंदू
मनावे के तरीकाThe night before Holika Bonfire
On Holi: spray colors on others, dance, party; eat festival delicacies
सुरूफागुन पुर्नवासी
समयफरवरी-मार्च
2026 तारीख3–4 मार्च[1]
संबंधित बाहोली

सम्मत फूँकल, सम्मत फूँकल या होलिका दहन भारतीय तिहुआर होली के मनावे के हिस्सा हवे।[2] आमतौर पर होली के एक दिन पहिले के राती खा, सम्मत फूँकल जाला। ई मैदान में एगो बाँस गाड़ के ओकरा चारो ओर लकड़ी, पतई आ गोइठा के ढेर लगा के बनावल गइल होला जेकरा के पूजा पाठ के बाद जरा दिहल जाला। एकरा आगि से लुकार बना के जरावल जाला जेकरा के होलरी कहल जाला। जरत होलरी ले के मैदान में दउरल आ एकरा से खेला देखावल, होलरी खेलल कहल जाला।

पूर्वांचल, बिहारनेपाल के सटल इलाका के अलावा बाकी हिंदुस्तान में एह तिहवार के होलिका दहन या होली जलाना कहल जाला आ एकरा के कथा के मोताबिक होलिका-प्रहलाद के खीसा से जोड़ल जाला।

  1. "Holi 2025 in India". www.timeanddate.com (अंग्रेजी में). Retrieved 14 March 2025.
  2. "The Evening of Bonfires, Holi Bonfire, Holi Bonfire Celebrations". Holifestival.org. Retrieved 2017-03-08.