वल्लभभाई पटेल
सरदार वल्लभभाई पटेल | |
---|---|
![]() | |
भारत के पहले डिप्टी प्रधानमंत्री | |
कार्यकाल 15 अगस्त 1947 – 15 दिसंबर 1950 | |
परधानमंत्री | जवाहरलाल नेहरू |
इनसे पहिले | पद के स्थापना भइल |
इनके बाद | मोरारजी देसाई |
गृह मंत्री | |
पद पर रहलें 15 अगस्त 1947 – 15 दिसंबर 1950 | |
परधानमंत्री | जवाहरलाल नेहरू |
इनसे पहिले | पद के स्थापना भइल |
इनके बाद | सी॰ राजगोपालाचारी |
सुप्रीम कमांडर-इन-चीफ़ भारतीय सेना | |
पद पर रहलें 15 अगस्त 1947 – 15 दिसंबर 1950 | |
परधानमंत्री | जवाहरलाल नेहरू |
इनसे पहिले | प्रदेश स्थापना |
इनके बाद | पोजीशन खतम |
निजी जानकारी | |
जनम |
वल्लभभाई झावेरभाई पटेल 31 अक्टूबर 1875 नांदयाड, बंबई प्रेसिडेंसी, ब्रिटिश भारत (अब गुजरात) |
निधन |
15 दिसंबर 1950 बंबई, बंबई राज, भारत | (उमिर 75)
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस |
जीवनसाथी | झावेरबा (1880 - 11 जनवरी 1909) |
संतान |
मणिबेन पटेल दह्याभाई पटेल |
पिता | झावेरभाई पटेल (1829-1923) |
महतारी संस्था | इन्स ऑफ कोर्ट |
प्रोफेशन |
|
सम्मान |
![]() |
वल्लभभाई झावेरभाई पटेल (31 अक्टूबर 1875 — 15 दिसंबर 1950) एगो भारतीय बैरिस्टर, राजनीतिक नेता, स्वतंत्रता सेनानी आ आजादी के बाद भारत के पहिला उपप्रधानमंत्री आ घर मंत्री रहलें। आजादी के आंदोलन के समय पटेल भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के प्रमुख नेता लोग में से एक रहलें आ भारत के आजादी के बाद बनल सरकार में इनके प्रमुख अस्थान रहल आ भारत के एकीकरण में सभसे महत्वपूर्ण भूमिका रहल। इनका मजबूत इरादा वाला ब्यक्तित्व के कारण इनके "लौह पुरुष" के उपाधि भी दिहल गइल। इनके सरदार पटेल के नाँव से भी जानल जाला।
सरदार पटेल के प्रतिमा[संपादन]
भारत के पहिल उप प्रधानमंत्री सरदार वल्लभ भाई पटेल को भारत के एकता के सूत्र में बंधले रहन. उनका के ई काम खातिर एगो महान शख्स के रूप में याद कईल जाला. उनका याद में गुजरात में केवड़िया गांव में नर्मदा नदी के बीचे एगो प्रतिमा बनाईल गईल बा, इ प्रतिमा 182 मीटर यानी करीब 597 फीट ऊंचा बा. स्टैच्यू ऑफ यूनिटी विश्व के सबसे ऊंचा प्रतिमा होखे के गौरव रखेला. 'स्टैच्यू ऑफ यूनिटी' के ऊंचाई न्यूयॉर्क के 93 मीटर उंचा 'स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी' से करीब दोगुना बा. स्टैच्यू ऑफ यूनिटी का कुल भार करीब 1700 टन बा. एकर पैर 80 फीट, हाथ 70 फीट, कंधा 140 फीट और चेहरा 70 फीट के आकार के बा.
संदर्भ[संपादन]
बाहरी कड़ी[संपादन]
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Vallabhbhai Patel पर मौजूद बा। |
- सरदार पटेल नेशनल इन्फार्मेटिक्स सेंटर (अंग्रेजी में)
![]() | ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |